तेजप्रताप यादव के लोग "बहरुपिया" ("बहुत भेस बदले वाला आदमी") के रूप में बतावेला, कहल जाला कि ऊ "आध्यात्मिक हो गइल बाड़ें आ बेमतलब के इधर-उधर भटकल बहुत पसंद करे लें।" अक्टूबर 2019 में इनके "माताजी गोशाला में बरसाना में मवेशी सभ के एगो बड़हन झुंड के नजारा देखत देखल गइल, जवना के बारे में कहल जाला कि ई दुनिया के सभसे बड़ गाय आश्रय स्थल सभ में से एक हवे जहाँ 25,000 से ढेर गाय बाड़ी स।"[6]
उनुकर बियाह चंद्रिका राय के बेटी आ बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री दरोगा प्रसाद राय के पोती ऐश्वर्या राय से भइल रहे।[7][8] उनुका प उनुका पत्नी के ओर से मारपीट अउरी ड्रग्स के इस्तेमाल करे के आरोप लगावल गइल, आ क्रॉस ड्रेसिंग के भी आरोप लगावल गइल।[9]टाइम्स ऑफ इंडिया के रिपोर्ट के मुताबिक, उनुका पत्नी के खिलाफ उनुकर गुस्सा इ बा कि "उ उनुका जीवनशैली में एडजस्ट नईखी क पावत।"[10]
नवंबर 2015 से जुलाई 2017 तक नीतीश कुमार के सरकार में स्वास्थ्य के कैबिनेट मंत्री रहलें[11] दिसंबर 2015 में बिहार के पर्यावरण मंत्री के रूप में उ राज्य में प्रदूषण प लगाम लगावे के पहल के रूप में घोड़ा के सवारी के बढ़ावा दिहलें।[12]
यादव आ चंद्रिका राय के बेटी ऐश्वर्या राय के बीच के वैवाहिक असहमति के परिणामस्वरूप बिहार विधानसभा के राजनीतिक "परसा सीट खातिर लड़ाई में उपकथा" बनल, 2020 में[13] ऐश्वर्या जनता से ई निहोरा कइली कि लोग उनुका पति के परिवार के प्रमुख राजनीतिक प्रतिद्वंदी सीएम नीतीश कुमार के वोट देवे।[14]
साल 2017 में लालू प्रसाद के सुरक्षा के जेड+ से जेड में घटा दिहला के बाद तेजप्रताप यादव प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जिंदा खाल उधड़वा लेबे के धमकी दिहलें[15][16] लालू एह पर अपना बेटा के बचाव कइलें।[17] 2019 के आम चुनाव में वोटिंग के अंतिम दिने एगो वीडियो पत्रकार प उनुकर अंगरक्षक के ओर से कथित तौर प मारपीट के वीडियो वायरल भइल रहे, जबकि यादव एफआईआर दर्ज करवलें कि ई उनुका के मारे के साजिस रहल।[18][19][20][21]