फ्रीवेयर (अंग्रेजी: freeware) अइसन सॉफ्टवेयर होला जे प्रोपराइटरी त होला, मने कि मालिकाना हक डेवलप/पब्लिश करे वाली कंपनी के लगे जरूर होला, बाकी तबो ई अंतिम प्रयोगकर्ता के बिना कौनों लागत के बितरित कइल जाला। अधिकार, लाइसेंस भा EULA के कौनों एकमत सेट नइखे जे फ्रीवेयर के निर्विवाद रूप से परिभाषित करे; हर पब्लिशर जवन फ्रीवेयर पेश करेला ओकरा खातिर आपन मोटामोटी नियम खुदे तय करेला। उदाहरण खातिर, संशोधन (मोडिफिकेशन), तिसरा पक्ष द्वारा दोबारा बितरण आ रिवर्स इंजीनियरिंग के अनुमति कुछ पब्लिशर लोग द्वारा दिहल जालीं बाकी कुछ लोग द्वारा अइसन चीज प रोक रहे ला।[1][2][3] मुफ्त आ ओपन-सोर्स सॉफ्टवेयर के बिपरीत, जे अक्सरहा मुफ्त में भी बितरित होलें, आमतौर पर फ्रीवेयर खातिर सोर्स कोड उपलब्ध ना करावल जालें।[1][3][4][5] फ्रीवेयर के मकसद अपना निर्माता के फायदा पहुँचावल हो सके ला, उदाहरण खातिर, अउरी सक्षम आ एडवांस संस्करण के बिक्री के प्रोत्साहित कइल, जइसे कि फ्रीमियम आ शेयरवेयर बिजनेस मॉडल में देखे के मिले ला।[6]
कई ठे सॉफ्टवेयर आपन प्रोडक्ट के कुछ लिमिटेड समय खातिर फ्री में ट्रायल उपलब्ध करावे लें। एकर मकसद प्रोडक्ट के मार्केटिंग कइल आ ओकरे इस्तेमाल के बढ़ावा दिहल होखे ला।
<ref>
tag; no text was provided for refs named lawrence
<ref>
tag; no text was provided for refs named gnu
<ref>
tag; no text was provided for refs named dod-definition
<ref>
tag; no text was provided for refs named wolfire2010
ई कंप्यूटर-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |