रामगढ़ ताल | |
---|---|
लोकेशन | गोरखपुर, उत्तर प्रदेश, भारत |
निर्देशांक | 26°44′N 83°25′E / 26.733°N 83.417°Eनिर्देशांक: 26°44′N 83°25′E / 26.733°N 83.417°E |
प्रकार | झील |
रामगढ़ ताल उत्तर प्रदेश के गोरखपुर शहर में बाटै। एकर एरिया लगभग 1700 वर्ग मीटर बा।[1] ई गोरखपुर के मरीन ड्राइव कहल जाला। इहाँ लोग बोटिंग करे आ मनोरंजन खातिर जाए ला।
कथा-कहानी के स्रोत सभ के परमान से रामगढ़ ताल के कौनों रिसी के सराप से बूड़ल प्राचीन शहर बतावल जाला। कुछ दुसरे मत के हिसाब से ई नागवंशीय कोलिय लोग के शासन में रहल आ एकर नाँव रामग्राम रहल जे बाद में बाढ़ में बिला के ताल बन गइल। हालाँकि, अब के अध्ययन सभ के मोताबिक ई राप्ती नदी के छाड़न झील हवे, मने की राप्ती नदी कबो इहाँ से बहत रहल।[2]
रामगढ़ ताल गोरखपुर के प्रमुख पर्यटन आकर्षण सभ में से एक हवे। एहिजे बोटिंग के सुबिधा मौजूद बाटे। हाले में सरकार घोषणा कइलस की एहिजे क्रूज चलावल जाई जेह में डिनर के सुबिधा मौजूद रही।[3][4]
वर्तमान में रामगढ़ ताल के कई किसिम के पर्यावरण संबंधी खतरा बाड़ें।[5]
![]() | ई लेख उत्तर प्रदेश के कौनों जगह से संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |