सिद्धार्थ विश्वविद्यालय | |
---|---|
![]() सिद्धार्थ विश्वविद्यालय के प्रशासनिक भवन | |
मोटो | अत्त दीपो भव (पालि) |
Motto in English | Be a light unto Yourself |
स्थापना | 2015 |
प्रकार | पब्लिक राज्य विश्वविद्यालय |
चांसलर | उत्तर प्रदेश के राज्यपाल |
वाइसचांसलर | कविता शाह[1] |
लोकेशन | सिद्धार्थ नगर, उत्तर प्रदेश, भारत 27°26′20″N 83°07′49″E / 27.4389767°N 83.1303182°Eनिर्देशांक: 27°26′20″N 83°07′49″E / 27.4389767°N 83.1303182°E |
कैंपस | देहाती |
भाषा | अंग्रेजी, हिंदी |
संबद्धता | यूजीसी |
वेबसाइट | suksn |
सिद्धार्थ यूनिवर्सिटी चाहे सिद्धार्थ विश्वविद्यालय, उत्तर प्रदेश के सिद्धार्थ नगर जिला में इतिहासी महत्व के अस्थान कपिलवस्तु (पिपरहवा) में एगो स्टेट इन्वर्सिटी बाटे। ए यूनिवर्सिटी के अस्थापना जून 2015 में भइल आ वर्तमान में एकरा से लगभग 280 से बेसी कॉलेज संबद्ध बाड़े; एकरे अलावा खुद विश्वविद्यालय के कैंपस में यूजी, पीजी के पढ़ाई आ रिसर्च होखे ला।[2] विश्विद्यालय समय समय पर बिबिध कार्यक्रम आयोजित करे ला।[3]
सिद्धार्थ इन्वर्सिटी में अंडरग्रेजुएट, पोस्टग्रेजुएट आ रिसर्च के कोर्स उपलब्ध बाड़ें। एह तरीका से विश्वविद्यालय कुल चार गो फैकल्टी चला रहल बाटे।[4]
यूनिवर्सिटी के आपन कैंपस कपिलवस्तु नगर क्षेत्र में स्थापित बाटे। प्रशासनिक भवन, कला संकाय, वाणिज्य संकाय आ विज्ञान संकाय के आपन-आपन बिल्डिंग बाड़ी स जेह में विज्ञान संकाय के भवन के उद्घाटन जुलाई 2024 में भइल।[5]
कैंपस में लड़िकन खातिर आनंद छात्रावास आ लड़िकिन खातिर यशोधरा छात्रावास बाटे। 2024 में नया इंटरनेशनल यूथ हास्टल के नेंई पड़ल जे पीएम उषा योजना के फंडिंग से बन रहल बाटे।[6]
विश्वविद्यालय में तथागत अतिथि गृह (गेस्ट हाउस), संबोधि केंद्रीय पुस्तकालय, आ गौतम बुद्ध सभागार के साथे साथ 50 बेड वाला अस्पताल बाटे।
एह इन्वर्सिटी से यूपी के छह गो जिला, जवना में महाराजगंज, सिद्धार्थनगर, संत कबीर नगर, बलरामपुर, बस्ती आ श्रावस्ती में मौज़ूद 280 से बेसी कॉलेज संबद्ध बाड़ें। ई कॉलेज पहिले गोरखपुर यूनिवर्सिटी आ अवध यूनिवर्सिटी से जुड़ल रहलें। कालेज सभ में संबद्ध गवर्नमेंट डिग्री कॉलेज, एडेड कालेज आ सेल्फ फाइनेंस कालेज सामिल बाड़ें।
{{cite web}}
: CS1 maint: bot: original URL status unknown (link)
![]() | ई भारतीय इन्वार्सिटी, कॉलेज या अइसने संस्था से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |