![]() | |
साइट के प्रकार | ओटीटी प्लेटफार्म |
---|---|
मालिक | अमेजन |
वेबसाइट | primevideo.com |
कॉमर्शियल | Yes |
रजिस्ट्रेशन | जरूरत पड़े ला |
लॉन्च भइल | सितंबर 7, 2006 |
अमेजन प्राइम वीडियो, या खाली भर प्राइम वीडियो के नाँव से जानल जाए वाली, अमेजन के एगो अमेरिकी सब्स्क्रिप्शन वीडियो ऑन डिमांड ओवर-द-टॉप स्ट्रीमिंग आ रेंटल सेवा हवे जे स्टैंडअलोन सेवा के रूप में या अमेजन के प्राइम सदस्यता के हिस्सा के रूप में ऑफर कइल जाला। ई सेवा मुख्य रूप से अमेजन स्टूडियो आ एमजीएम होल्डिंग्स द्वारा बनावल गइल फिलिम आ टेलीविजन सीरीज सभ के बितरण करे ले या अमेजन के लाइसेंस मिलल, जे अमेजन ओरिजिनल के रूप में होखे लीं, आ अन्य प्रदाता लोग के सामग्री, सामग्री ऐड-ऑन, लाइव खेल इवेंट, आ वीडियो किराया आ खरीद सेवा सभ के भी होस्ट करे ले।
दुनिया भर में संचालित एह सेवा ले पहुँच (एक्सेस) होखे खातिर पूरा प्राइम सदस्यता के जरूरत पड़ सकेला। अमेरिका, यूनाइटेड किंगडम, आ जर्मनी नियर देस सभ में एह सेवा के बिना पूरा प्राइम सदस्यता के पहुँचल जा सके ला [1] जबकि ऑस्ट्रेलिया, कनाडा, फ्रांस, भारत, तुर्की आ इटली में एकरा के खाली समर्पित वेबसाइट द्वारा दिहल जा रहल बाटे। प्राइम वीडियो एकरे अलावा चैनल के रूप में एगो सामग्री ऐड-ऑन सेवा देला, जेकरा के अमेजन चैनल, या प्राइम वीडियो चैनल कहल जाला, जेह में यूजर लोग प्राइम वीडियो के भीतर अन्य सामग्री प्रदाता लोग से अतिरिक्त वीडियो सदस्यता सेवा सभ के सदस्यता ले सके ला।[2]
7 सितंबर 2006 के अमेरिका में अमेजन अनबॉक्स के रूप में शुरू भइल ई सेवा बिस्तारित लाइब्रेरी के साथ बढ़ल, आ प्राइम सब्स्क्रिप्शन के बिकास होखले के बाद प्राइम वीडियो के सब्स्क्रिप्शन जोड़ल गइल। एकरा बाद एकर नाम बदल के अमेजन इंस्टेंट वीडियो ऑन डिमांड रखल गइल। 2011 में यूके आधारित स्ट्रीमिंग आ डीवीडी-बाय-मेल सेवा लवफिल्म के अधिग्रहण कइला के बाद[3] प्राइम वीडियो के यूनाइटेड किंगडम, जर्मनी आ ऑस्ट्रिया में प्राइम सब्सक्रिप्शन में 2014 में जोड़ल गइल, [4] [5] £/€8.99 प्रति महीना के सदस्यता पर उपलब्ध करावल गइल, लवफिल्म इंस्टेंट के योजना के जारी रखते हुए। [6] ई सेवा पहिले 2012 में नॉर्वे, डेनमार्क आ स्वीडन में उपलब्ध रहे, बाकी 2013 में एकरा के बंद क दिहल गइल [7] 18 अप्रैल 2016 के अमेजन अमेरिका में प्राइम वीडियो के अमेजन प्राइम से 8.99 डॉलर प्रति महीना के दाम पर बिभाजित कइलस। [8]
14 दिसंबर 2016 के प्राइम वीडियो दुनिया भर में ( मुख्य भूमि चीन, क्यूबा, ईरान, उत्तर कोरिया आ सीरिया के छोड़ के) लांच भइल आ अमेरिका, यूनाइटेड किंगडम, जर्मनी, ऑस्ट्रिया, आ जापान से भी आपन पहुँच के बिस्तार कइलस। नयका इलाका में एह सेवा के बेल्जियम, ब्राजील, कनाडा, फ्रांस, भारत, आयरलैंड, इटली, पोलैंड, तुर्की आ स्पेन में प्राइम के साथे शामिल कइल गइल जबकि बाकी सगरी देशन खातिर एकरा के प्रचार (प्रोमोशनल) दाम पर उपलब्ध करावल गइल, पहिला छह महीना खातिर €2.99 प्रति महीना आ ओकरा बाद $/€5.99 प्रति महीना के दाम में।[9]