कांडोल के किताब Géographie botanique raisonnée 1855 में छपल। एह में कैंडोल पूरा पृथिवी के बनस्पति सभ के पाँच परकार में बँटलें, एकर आधार जलवायु के प्रति बनस्पति के रिस्पांस रहल,[1] इनहन में चार गो परकार तापमान आधारित रहलें आ एक ठो पानी के उपलब्धता पर आधारित रहल:
मेगाथर्म्स
अइसन पेड़-पौधा आ बनस्पति जे हमेशा हाई टेम्प्रेचर आ नमी चाहे लें
मेसोथर्म्स
कुछ कम (मॉडरेट) तापमान आ नमी चाहे वाला बनस्पति
माइक्रोथर्म्स
अइसन बनस्पति जे कम समय के गर्मी आ तुलनात्मक रूप से बेसी जाड़ सह सके लें
हेकिस्टोथर्म्स
ध्रुवीय क्षेत्र के बनस्पति, पेड़-रेखा (ट्री लाइन) के ओह पार वाला बनस्पति
Candolle, Alphonse de (Membre Corr. de l'Acad. Sciences, Paris; Foreign Member, Royal Soc, etc.) — Histoire des Sciences et des Savants depuis deux Siècles. Geneva, 1873.