आइएसओ 639-3:2007 (ISO 639-3:2007), भाषा सभ के नाँव के रिप्रेजेंटेशन खातिर कोड – भाग 3: भाषा सभ के कंप्रीहेंसिव कभरेज खाती अल्फा-3 कोड, भाषा सभ खातिर बनावल एगो इंटरनेशनल स्टैंडर्ड हवे आ ई भाषा कोड सभ के ISO 639 सीरीज के हिस्सा हवे। एह कोड सभ में तीन अच्छर के इस्तेमाल द्वारा भाषा सभ के पहिचान होला। ई मानक कोड सभ पहिली बेर इंटरनेशनल स्टैंडर्ड ऑर्गेनाइजेशन (आइएसओ) द्वारा 1 फरवरी 2007 के प्रकाशित कइल गइल रहलें।[1]
आइएसओ 639-3 के इस्तमाल से आइएसओ 639-2 अल्फ़ा-3 कोड सभ के बिस्तारित कइल गइल बा जवना से कि सगरी अब तक ले मालुम प्राकृतिक भाषा सभ के कभर कइल जा सके। एह कोड सभ के निर्माण में मूल रूप से एथनोलॉग (भाग 10-14) कोड के इस्तमाल कइल गइल रहे आ वर्तमान में इहे एह कोड सभ खातिर रजिस्ट्रेशन के अथौरिटी बा।[2] एह कोड के लिस्ट द्वारा, जहाँ तक संभव होखे सगरी भाषा, जीवित भा बिलुप्त, सभ के गिनती में लेवे के कोसिस कइल गइल बा।[1] हालाँकि, एह में दुबारा कंस्ट्रक्ट कइल भाषा सभ, जइसे कि प्रोटो-इंडो-यूरोपियन, वगैरह के ना सामिल कइल गइल बाटे।[3]
![]() | ई भाषा-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |