आजाद कश्मीर | ||
---|---|---|
प्रशासनिक इकाई | ||
Coordinates: 33°50′36″N 73°51′05″E / 33.84333°N 73.85139°Eनिर्देशांक: 33°50′36″N 73°51′05″E / 33.84333°N 73.85139°E | ||
देस | पाकिस्तान | |
स्थापना | 24 अक्टूबर 1947 (आजाद काश्मीर दिवस (یوم تاسیس)) | |
राजधानी | मुजफ्फराबाद | |
सभसे बड़ सहर | न्यू मीरपुर सिटी | |
Government | ||
• Type | खुद-शासित,[1][2][3] पाकिस्तान प्रशासित[4] | |
Area | ||
• Total | 13,297 किमी2 (5,134 बर्ग मील) | |
Population (2017) | ||
• Total | 4.45 मिलियन | |
Time zone | UTC+5 (पाकिस्तान समय) | |
ISO 3166 code | PK-JK | |
प्रमुख भाषा | ||
असेंबली सीट | 49 | |
जिला | 10 | |
कस्बा | 19 | |
युनियन कौंसिल | 182 | |
Website | www |
आजाद जम्मू ओ काश्मीर भा आजाद काश्मीर, नाममात्र खाती खुदशासित राजनीतिक इकाई ह आ पाकिस्तान द्वारा प्रशासित होला। ई क्षेत्र भारत के अधिकार वाला जम्मू काश्मीर राज्य के पच्छिम में पड़े ला आ पहिले के समय में जम्मू काश्मीर राजघराना के राज में शामिल रहल।
आजाद काश्मीर, बड़हन इकाई काश्मीर के हिस्सा भर हवे जे पर लंबा समय से भारत आ पाकिस्तान के बीचा में बिबाद चल रहल बा। एह राज्यक्षेत्र के सीमा उत्तर में पाकिस्तान के आधिकार वाला गिलगित-बल्तिस्तान से सटे ला आ एह दुनों क्षेत्र के मिला के यूनाइटेड नेशंस "पाक-प्रशासित काश्मीर" के नाँव से बोलावे ला जबकि भारत एकरा के "पाक-आधिकृत काश्मीर" (पीओके) के नाँव देला। आजाद कश्मीर साइज के हिसाब से गिलगित-बल्तिस्तान के मात्र छठवाँ हिस्सा के बरोबर बा। आजाद कश्मीर के पच्छिम में पाकिस्तान के खैबर-पख्तूनख्वाँ राज्य बा आ एकरे दक्खिन में पाकिस्तान के पंजाब प्रांत बाटे। आजाद काश्मीर के पूरुब में भारत के जम्मू अउरी काश्मीर राज्य भा आ इनाहन के बीचा के सीमा लाइन ऑफ कंट्रोल (एलओसी) हवे। आजाद काश्मीर के कुल रकबा 13,297 वर्गकिलोमीटर बा आ 2017 के जनगणना अनुसार कुल जनसंख्या 40,45,366 बाटे।
ई इलाका प्रशासन के हिसाब से तीन गो डिवीजन में बाँटल गइल बा, ओकरे बाद कुल दस गो जिला सभ में बिभाजन कइल गइल बा:[5]
डिवीजन | जिला | जिला के रकबा (किमी²) | जनसंख्या (2017 जनगणना) | जिला के मुख्यालय |
---|---|---|---|---|
मीरपुर|1,010 | 456,200 | न्यू मीरपुर सिटी | ||
कोटली|1,862 | 774,194 | कोटली | ||
भिंबेर|1,516|420,624 | भिंबेर | |||
मुजफ्फराबाद |1,642 | मुजफ्फराबाद | |||
झेलम घाटी|854 | 230,529 | झेलम घाटी | ||
नीलम घाटी|3,621|191,251 | आठमुकाम | |||
पुंछ|855|500,571 | रावलाकोट | |||
हवेली|600|152,124 | फारवर्ड कहुटा | |||
बाग़|768|371,919 | बाग़ | |||
सुधनोती|569|297,584 | पलान्द्री | |||
कुल | 10 जिला | 13,297 | 4,045,366 | मुजफ्फराबाद |
Azad Kashmir – "Free Kashmir," the more populated and nominally self-governing part of Pakistani-controlled Kashmir
These are self-ruled autonomous regions. But restrictions apply.
{{cite web}}
: Unknown parameter |deadurl=
ignored (help)
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया आजाद काश्मीर पर मौजूद बा। |