आर्बोर डे चाहे आर्बर डे (अंग्रेजी: Arbor Day or Arbour Day) एगो सेकुलर दिवस हवे जेह में ब्यक्ति आ लोगन के समूह के पेड़ लगावे खातिर प्रोत्साहित कइल जाला। आज बहुत देश में अइसन छुट्टी मनावल जाला। हालाँकि, आमतौर पर ठंढा देसन में ई बसंत में मनावल जाला, जलवायु आ उचित रोपनी के सीजन के सुतार के आधार प एकर तिथि अलग-अलग देसन में में अलग-अलग होला।
भारत में एकर समकक्ष तिहुआर वन महोत्सव के मानल जा सके ला जे एक हप्ता ले चले वाला वृक्षारोपण कार्यक्रम होला।
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Arbor Day पर मौजूद बा। |
ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |