आल्फ्रेड हेटनर | |
---|---|
![]() | |
जनम | Dresden | 6 अगस्त 1859
निधन | 31 अगस्त 1941 Heidelberg | (उमिर 82)
संस्था | Heidelberg University (1899–1928) |
अल्मा मैटर | University of Strasbourg |
Doctoral students | Martha Krug-Genthe, Oskar Schmieder, Friedrich Metz (de), Heinrich Schmitthenner (de) |
Known for | Chorological approach to geography; fieldwork in Colombia and Chile. |
आल्फ्रेड हेटनर (6 अगस्त 1859, ड्रेसडेन में - 31 अगस्त 1941, हेडलबर्ग में) एगो जर्मन भूगोलविद रहलें।
उनकर बाबूजी कला इतिहासकार हर्मान थियोडोर हेटनर आ महतारी मैरी वॉन स्टॉकमार रहल लोग। उनकर नाना क्रिश्चियन फ्रेडरिक, बैरन स्टॉकमार रहलें। उनकर सौतेला भाई ओटो हेटनर रहलें।[1]
उ 'कोरोलॉजी' के कांसेप्ट, जे जगह आउर क्षेत्र के अध्ययन खातिर जानल जा ला, आ एगो अइसन कांसेप्ट ह जे कार्ल ओ. सॉवर आ रिचर्ड हार्टशोर्न दुनु के प्रभावित कइलस। यूरोप के भूगोल के अलावा, उनकर फील्डवर्क मुख्य रूप से कोलंबिया, चिली आ रूस पर केंद्रित रहे।
अल्फ्रेड हेटनर, जे स्ट्रासबर्ग विश्वविद्यालय से आपन पीएचडी प्राप्त कइलें, लेपजिग में फर्डिनांड फॉन रिचथोफेन आफ्रेडरिक रत्ज़ेल के छात्र भी रहलें - जहां उ आपन हबिलिटेशन प्राप्त कइलें। उनकर किताब यूरोप 1907 में प्रकाशित भइल।
उनकर अनुसार, भूगोल एगो कोरलोजिकल विज्ञान बा या इ क्षेत्र के अध्ययन बा। हेटनर एह बिचार के खारिज कइलें कि भूगोल सामान्य या प्रादेशिक हो सकेला। भूगोल के, ज्ञान के अउरी शाखा सभ नियन, अद्वितीय चीज (क्षेत्रीय भूगोल) आउर सार्वभौमिक (सामान्य भूगोल) दुनु से निपटे के चाहि, लेकिन क्षेत्र के अध्ययन - खासकर उनकर लैंडरक्ंडे [जर्मन] दृष्टिकोण के रूप में - भूगोल के मुख्य क्षेत्र बाटे। हेटनर, दुसर के बीच, मार्था क्रग-गेन्थे, ओस्कर स्मिडर, फ्रेडरिक मेट्ज आ हेनरिक स्मिथनेर के पीएचडी गाइड कइलें।
1895 में, उ जर्नल जियोग्राफिक जेइत्श्रिफ्ट के स्थापना कइलें, जेकरा उ कई साल तक संपादक भी रहलें। उ तुबिंगन (1894-1897) आउर लेपजिग (1897-1899) में कुछ समय खातिर लेक्चरार रहलें।[1]
1899 में, उ हेडलबर्ग विश्वविद्यालय में एक एसोशियेट प्रोफेसर के रूप में शामिल भइलें। 1906 तक, उ हेडलबर्ग में भूगोल के पहिला चेयर बनलें। 1928 में रिटायर होखे तक ऊ एह पद पर रहलें।[1]