![]() | ई लेख एक ठो बहुत हाल के घटना के बर्णन करत बाटे। घटना के प्रगति के अनुसार जानकारी में तेजी से बदलाव संभव बाटे, आ सुरुआती समाचार रपट बहुत बिस्वास जोग नाहिंयो हो सके लीं। हो सके ला कि एह लेख के अंतिम अपडेट सभसे नया जानकारी ना बतावत होखे। |
बैस्विक स्तर पर कोरोनावायरस महामारी जे सार्स-कोव-19 नाँव के नया किसिम के वायरस से होखे वाली बेमारी कोविड-19 (COVID-19) नाँव कारण फइलल बाटे, इटली में पहिली बेर 31 जनवरी 2020 पहुँचल जब रोम में दू गो चीनी लोगन के एह वायरस के इन्फेक्शन होखे के मामिला सोझा आइल।[1] एक हप्ता बाद इटली के एगो नागरिक चीन के वुहान शहर से लवट के अइलेन, उनका में एह वायरस के इन्फेक्शन के पुष्टी भइल आ एह तरीका से ओ तिसरा मरीज साबित भइलें।[2] एकरे बाद 21 फरवरी के एक्के साथ एह वायरस से इन्फेक्शन वाला 16 गो केस के पुष्टी लोम्बार्डी में भइल,[3] अगिला 60 गो अउरी केस आ पहिली मौत 22 फरवरी के दर्ज भइल। मार्च के सुरुआत ले ई वायरस इटली के लगभग सगरी इलाका सभ में फइल चुकल रहे।[4]
वर्तमान में इटली एह महामारी के सेंटर बन गइल बा आ कुल 57,000 से बेसी सक्रिय केस सोझा बाड़ें।[5] कुल कन्फर्म केस 74,386 में से 7,503 लोग के मौत हो चुकल बाटे आ 9,362 लोग के एह रोग से बचावल जा चुकल बा।[6] 19 मार्च के इटली एह महामारी में मरे वाला लोगन के मामिला में दुनिया के सबसे बेसी गिनती वाला देस बन गइल बा।[7]