इन्ना | |
---|---|
Born | एलेना एलेक्जेंड्रा अपोस्टोलेनु 16 अक्टूबर 1986 |
Education | ओविडियस यूनिवर्सिटी |
Occupations |
|
Years active | 2008–present |
Works | गावल गाना सभ |
Awards | Full list |
संगीत जात्रा | |
बिधा | इडीएम[2], हाउस[3] |
लेबल सभ | |
संबंधित एक्ट | |
वेबसाइट | innaofficial |
एलेना एलेक्जेंड्रा अपोस्टोलेनु (जनम 16 अक्टूबर 1986), जिनका इन्ना नाँव से जानल जाला, एगो रोमानियाई गायिका आ गीतकार बाड़ी। मंगलिया में जनमल आ नेपचून मे पोसाइल ई रोमानियाई तिकड़ी प्ले एंड विन से मिल के संगीत कैरियर बनावे से पहिले ओविडियस विश्वविद्यालय मे राजनीति बिज्ञान के पढ़ाई कइली। ई 2008 मे मंच के नाँव "अलेसांद्र" अपना लिहली आ पॉप-रॉक शैली अपनवली; बाद मे ओह साल ऊ आपन मंच के नाँव बदल के "इन्ना" रखली आ हाउस म्यूजिक रिलीज करे लगली। "हॉट" (2008), इनके पहिला एकल गीत, दुनिया भर मे ब्यापारिक सफलता हासिल कइलस आ रोमानियाई आ बिलबोर्ड के हॉट डांस एयरप्ले चार्ट आ अउरी कय गो चार्ट सभ मे टॉप पर रहल। एकरे बाद अगस्त 2009 मे इनके पहिलला स्टूडियो एल्बम एही नाँव के आइल आ इनके गोल्ड आ प्लैटिनम प्रमाणित कइल गइल। एह मे यूरोप मे कय गो अउरी सफल एकल गीत सभ के सामिल कइल गइल जेह में "अमेजिंग" (2009) भी सामिल रहल, ई गायक के रोमानिया मे दुसरा नंबर-वन एकल गीत रहल।
इन्ना के दूसरका एलबम, आई एम द क्लब रॉकर के (2011) गीत "सन इज अप" (2010) उनका दुनिया भऽ मे सफलता दिहलस। एह गीत के यूरोडांसवेब अवार्ड मिलल आ इन्ना पहिला आ एकलौता रोमानियाई कलाकार बन गइली जे ई अवार्ड जीतल बा। बरस 2011 मे ई घोषणा भइल कि इन्ना सभसे ढेर महंगा रोमानियाई आ पूरबी यूरोपीय कलाकार हइ। इनकर अगिला स्टूडियो एल्बम पार्टी नेवर एंड्स (माने: पार्टी कबो ना ओराला; 2013) के रोमानियाई म्यूजिक अवार्ड्स मे लगातार दू साल ले बेस्ट एल्बम लागी नामांकित कइल गइल आ ई मेक्सिको मे टॉप दस मे चहुँप गइल। एह मे हिट गाना "मोर दैन फ्रेंड्स" (माने: संघाति से बेसी) रहे जेह मे डैडी यांकी रहन। साल 2014 मे इन्ना अटलांटिक रिकार्ड्स साथे सुलह कइली आ जे बालविन से ब्यापारिक रूप से सफल "कोला सोंग" लइली जेकर इस्तेमाल ओह बरिस के फीफा वर्ल्ड कप के प्रचार खातिर कइल गइल।
एलेना अलेक्जेंड्रा अपोस्टोलेनु के जनम 16 अक्टूबर 1986 के रोमानिया के मंगलिया मे [8] जॉर्जिक आ मारिया अपोस्टोलेनु के घरे भइल। [9] [10] इनकर पोसन नेपटून मे भइल, जहाँ इनकर बाबु समुद्री बचाव करे वाला आ महतारी नचवइया आ गवइया के काम करत रही। [11] लइकाईं मे इन्ना तैराक के रूप मे प्रतिस्पर्धा करत रहली आ फुटबॉल आ बास्केटबॉल के साथे-साथे संगीतो मे रुचि लेत रहली . [11] [12] [13]
{{cite web}}
: Missing or empty |title=
(help)
{{cite news}}
: CS1 maint: bot: original URL status unknown (link)
<ref>
tag; no text was provided for refs named iannachild3