![]() गंगा मैदान के सैटेलाइट इमेज (उत्तर प्रदेश सेंटर में) | |
![]() | |
महादीप | एशिया |
---|---|
क्षेत्र | दक्खिन एशिया, उत्तर भारत |
लोकेशन | 27°N 81°E / 27°N 81°Eनिर्देशांक: 27°N 81°E / 27°N 81°E
अक्षांस: 23° 52' N — 30° 24' N देशांतर: 77° 05' E — 84° 38' E |
रकबा | |
• कुल | 243,290 किमी2 (93,930 वर्ग मील) |
सीमा | |
सबसे लमहर नदी | गंगा |
जलवायु | नम उपोष्ण कटिबंधी जलवायु (कोपेन बर्गीकरण: Cwa/Cwg) "जनरल बर्गीकरण": उष्णकटिबंधी मानसूनी |
टेरेन | मुख्यतः मैदानी, उत्तर में तराई आ दक्खिन में पहाड़ी-पठारी |
प्राकृतिक संसाधन | (अधिकतर खनिज मिर्जापुर-सोनभद्र आ ललितपुर-झाँसी-बाँदा क्षेत्र में पावल जालें। |
प्राकृतिक आफत-बिपत | |
पर्यावरणी मुद्दा/समस्या |
उत्तर परदेस के भूगोल में मजिगर बिबिधता एकरे बिस्तार के चलते बा। भारत के कुल रकबा के 7.33 % हिस्सा वाला ई राज्य एह हिसाब से भारत के 4था सभसे बड़हन राज्य हवे आ आबादी के हिसाब से सबसे बड़ राज्य हऽ। ई उत्तर भारत में पड़े ला आ एकर उत्तरी सीमा नेपाल देस के साथे बने ले। भारतीय राज्यन में एकर सीमा सभसे अधिका दूसर राज्यन के साथे बने ले, ई उत्तराखंड, हिमाचल प्रदेश, दिल्ली, राजस्थान, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, झारखंड आ बिहार राज्यन के साथे सीमा सझिया करे ला। प्रशासनिक हिसाब से एह राज्य में 18 गो मंडल आ 75 गो जिला बाड़ें।
भौतिक भूगोल के हिसाब से ई लगभग पूरा तरीका से गंगा के मैदान में पड़े ला, हालाँकि एकर सबसे उत्तरी हिस्सा हिमालय के तराई वाला इलाका हवे आ एकदम दक्खिन में बिंध्याचल पहाड़ के कुछ हिस्सा पड़े लें। उत्तर प्रदेश के जलवायु नम उपोष्ण कटिबंधी जलवायु हवे। पूरुब से पच्छिम ओर जाए पर बरखा के कमी होखत जाला। पानी के बहाव के बेसिन के हिसाब से ई पूरा तरीका से गंगा बेसिन में पड़े ला आ गंगा, यमुना आ सरजू नदी इहाँ के मुख्य नदी हई। इन्हना के बीचा के हिस्सन के दुआबा कहल जाला।
भाषाई आ सांस्कृतिक रूप से उत्तर परदेस में रुहेलखंड, ब्रज क्षेत्र, बुंदेलखंड, अवध आ पूरबी हिस्सा में भोजपुरी भाषी पूर्वांचल बा; दक्खिनी-पूरबी हिस्सा कुछ कुछ बघेलखंड में पड़े ला। आर्थिक रूप से पच्छिमी उत्तर प्रदेश बेसी बिकसित बाटे जबकि पूरबी उत्तर प्रदेश आ दक्खिनी-पच्छिमी, बुंदेलखंड के हिस्सा, पिछड़ा इलाका बाड़ें।
उत्तर प्रदेश के भूगोलीय लोकेशन 23° 52' N से 30° 24' N अक्षांस आ 77° 05' E से 84° 38' E देशांतर ले बाटे। एकर पूरुब से पच्छिम के लंबाई 650 किलोमीटर आ चौड़ाई उत्तर-दक्खिन के 240 किलोमीटर बाटे। क्षेत्र के हिसाब से ई उत्तर भारत के बीचोबीच पड़े ला। उत्तर में ई नेपाल देस के साथे इंटरनेशनल सीमा सझिया करे ला। भारतीय राज्यन में ई सभसे बेसी राज्यन के साथे सीमा बनावे वाला राज्य हवे, ई 8 गो राज्य बाड़ें: उत्तराखंड, हिमाचल प्रदेश, दिल्ली, राजस्थान, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, झारखंड आ बिहार।
रकबा के हिसाब से ई राजस्थान, मध्य प्रदेश आ महाराष्ट्र के बाद चउथा सभसे बड़हन राज्य हवे आ कुल 2,43,290 वर्ग किलोमीटर रकबा के साथे भारत के कुल रकबा के 7.33% हिस्सा वाला राज्य हवे।
भारत के मानक समय वाली मेरिडियन (देशांतर रेखा) परंपरा अनुसार उत्तर प्रदेश के इलाहाबाद के लगे नैनी से हो के गुजरत मानल जाले, हालाँकि वास्तव में ई अउरी पूरुब में मिर्जापुर जिला से हो के गुजरे ले।
उत्तर प्रदेश के प्रशासनिक रूप से 18 गो मंडल आ 75 गो जिला में बाँटल गइल बाटे।[1] हर एक जिला के कई गो तहसील में बाँटल गइल बा। तहसील के ब्लाक यानि बिकासखंड में आ हर ब्लाक के ग्रामपंचायत में बाँटल गइल बा, एकर मुखिया जनता द्वारा चुनल प्रतिनिधि - ग्राम परधान होलें। एक ठो ग्राम पंचायत में कई गो गाँव सामिल हो सके लें।[2] ब्लाक में शहरी इलाका भी हो सके लें, जइसे छोट जनगणना कस्बा (सेंसस टाउन)[3] जबकि बड़हन नगर सभ में अलग से नगर पंचायत के गठन होला।
उत्तर प्रदेश में सभसे बड़हन प्रशासनिक बिभाग, 18 गो मंडल सभ के लिस्ट नीचे दिहल बा:
भौतिक भूगोल के हिसाब से ई लगभग पूरा तरीका से गंगा के मैदान में पड़े ला। भूबिज्ञान के हिसाब से ई प्राचीन गोंडवाना महादीप के उत्तरी माथ पर हिमालय से नदिन द्वारा ले आइल भूपदार्थ जमा करे से बनल मैदान हवे।
परंपरागत रूप से उत्तर प्रदेश के तीन गो भौतिक प्रदेश में बाँटल जाला:[4]
उत्तर प्रदेश के सभसे उत्तरी हिस्सा हवे जे शिवालिक के पहाड़ी सभ के निचला हिस्सा हवे।[5]
{{cite journal}}
: CS1 maint: unflagged free DOI (link)