ऋषि कपूर | |
---|---|
![]() दो दूनी चार फिलिम के प्रीमियर के दौरान | |
Born | |
Died | 30 अप्रैल 2020 | (उम्र:67)
Other names | चिंटू |
Occupations | अभिनेता, निर्माता, निर्देशक |
Years active | 1970 - 2020 |
Spouse | नीतू सिंह (m. 1980) |
Children | रिधिमा कपूर रणबीर कपूर |
ऋषि कपूर (4 सितंबर 1952 - 30 अप्रैल 2020) एगो हिंदी फिलिम एक्टर रहलें।ऋषि कपूर एक भारतीय फ़िलिम के अभिनेता, फ़िलिम निर्माता और निर्देशक भी रहन।[1] उनके बॉबी फ़िलिम के लिए 1974 में सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के लिए फ़िल्मफ़ेयर पुरस्कार आ साथ ही 2008 में फ़िल्मफेयर लाइफटाइम अचीवमेंट पुरस्कार सहित अन्य पुरस्कारन से सम्मानित कयल जा चुकल ह। उनके पहिली फ़िलिम मेरा नाम जोकर में बाल कलाकार के रूप में शानदार भूमिका कइले के खातिर 1970 में राष्ट्रीय फ़िल्म पुरस्कार मिलल।
1973 आ 2000 के बीच 92 फिलिम में रोमांटिक लीड के रूप में प्रमुख भूमिका निभवन।[2] दो दूनी चार में उनके प्रदर्शन के खातिर, उनके 2011 क सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के लिए फिल्मफेयर क्रिटिक्स पुरस्कार देवल गयल, आ कपूर एण्ड सन्स में आपन भूमिका के लिए, उनके 2017 क सर्वश्रेष्ठ सहायक अभिनेता के लिए फिल्मफेयर पुरस्कार मिलल। उनके 2008 में फिल्मफेयर लाइफटाइम अचीवमेंट अवार्ड से सम्मानित कयल गयल।[3] ऊ 1973 से 1981 के बीच बारह फिलिम में आपन पत्नी नीतू सिंह (1980 में शादीशुदा) के संगे दिखाई देनऽ। 30 अप्रैल 2020 के बोन मैरो कैंसर के चलते 67 वर्ष के उमिर में उनकर मृत्यु हो गइल।
ॠषि कपूर क जनम पंजाब के कपूर परिवार में मुंबई के चेम्बूर में भयल। ऊ विख्यात अभिनेता-फिल्म निर्देशक राज कपूर क पुत्र आ अभिनेता पृथ्वीराज कपूर क पोता रहन। कैंपियन स्कूल, मुंबई आ मेयो कॉलेज, अजमेर में अपने भाइयन के साथे स्कूली शिक्षा पूरी कइन। उनकर भाई रणधीर कपूर आ राजीव कपूर, मामा प्रेम नाथ आ राजेंद्र नाथ आ चाचा शशि कपूर आ शम्मी कपूर सबलोग अभिनेता बाटें। उनकर दू बहिन रितु नंदा आ रिमा जैन हईं।
ऋषि कपूर स्वर्गीय राज कपूर क पुत्र आ अभिनेता पृथ्वीराज कपूर क पोता रहन। परम्परा के अनुसार उहो अपने दादा आ पिता के जइसन फिल्मन में अभिनय कइन आ एगो सफल अभिनेता के रूप में उभरकर अइनऽ। ''मेरा नाम जोकर'' उनकर पहिली फिलिम रहल जेम्में अपने पिता के बचपन क रोल कइले रहन। मुख्य अभिनेता के रूप में उनकर पहिली फ़िलिम बॉबी रहल, जेम्में उनके साथ डिंपल कपाड़िया भी भूमिका निभवनी। ऋषि कपूर आ नीतू सिंह क शादी 22 जनवरी 1980 में भयल।
वर्ष | फ़िल्म | टिप्पणी |
---|---|---|
1999 | आ अब लौट चलें |