अमेजन स्टैंडर्ड आइडेंटिफिकेशन नंबर (अंग्रेजी: Amazon Standard Identification Number) चाहे एएसआईएन (ASIN) 10-अक्षर (कैरेक्टर) के अल्फान्यूमेरिक यूनिक आइडेंटिफिकेशन हवे जे अमेजन डॉट कॉम आ एकरे साझेदार लोग द्वारा अमेजन संगठन के भीतर कवनो प्रोडक्ट के पहिचान खातिर दिहल जाला।[1] एकर सुरुआत 1996 में अमेजन के सॉफ्टवेयर इंजीनियर रेबेका एलेन द्वारा कइल गइल जब ई साफ हो गइल कि अमेजन खाली किताबे भर ना बलुक एकरे अलावा अउरियो प्रोडक्ट बेचे वाला बा। एएसआईएन के 10 अक्षर के फारमैट के अपनावल गइल जवना से कि अमेजन डेटाबेस आ सॉफ्टवेयर, जेकरा के 10 अक्षर के इंटरनेशनल स्टैंडर्ड बुक नंबर (ISBN) फील्ड के उम्मीद करे खातिर बनावल गइल रहे, नया पहचान फारमैट के समायोजित करे खातिर बदले के जरूरत ना पड़े।[2]
अमेजन डॉट कॉम पर बिकाए वाला हर उत्पाद के एगो अनोखा (यूनीक) एएसआईएन दिहल जाला। 10 अंक के इंटरनेशनल स्टैंडर्ड बुक नंबर (ISBN) वाला किताबन खातिर ASIN आ ISBN एकही होखे ला।[3] किताब के किंडल संस्करण में ओकर आईएसबीएन के इस्तेमाल एएसआईएन के रूप में ना कइल जाई, हालाँकि, किताब के इलेक्ट्रॉनिक संस्करण में आपन आईएसबीएन हो सके ला। एएसआईएन अमेजन के वेबसाइट पर एगो प्रोडक्ट डिटेल पेज के यूआरएल के हिस्सवो होखे ला। [4]