एचटीटीपी कुकी (HTTP cookie) (भा इंटरनेट कुकी, वेब कुकी या खाली कुकी) एक तरह के छोट डेटा होला जे वेबसाइट द्वारा भेजल जाला आ इंटरनेट ब्राउज करे वाला ब्यक्ति के कंप्यूटर में वेब ब्राउजर द्वारा सहेज लिहल जाला। कुकी सभ वेबसाइट द्वारा कुछ जानकारी हासिल करे खाती इस्तेमाल होखे लीं, जइसे कि प्रयोगकर्ता कवन-कवन पन्ना पर गइल, शॉपिंग कार्ट में का का सहेजले बा आ अउरी अइसने डेटा। कुछ वेबसाइट एह तरह के आँकड़ा हासिल क के ओनहन के बिग्यापन कंपनी सभ के बेच देलीं ताकि प्रयोगकर्ता के ओकरा ब्राउजिंग आदत के अनुसार विज्ञापन देखावल जा सके।
गूगल के प्रोजेक्ट जीरो के रिसर्चर जान हॉर्न के कहनाम बा कि कुकी सभ के बीचा में के इकाई, जइसे कि वाई-फाई प्रोवाईडर, द्वारा भी पढ़ल जा सके ला। उनके सलाह बा कि सर्च करत समय इनकाग्नीटो मोड में सर्च करे के चाहीं अगर अइसन चीज से बचे के होखे।[1]
![]() | ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |