एनडीटीवी इंडिया NDTV India | |
---|---|
Launched | 2003 |
Owned by | एनडीटीवी |
Picture format | 4:3 (576i, SDTV) |
Country | भारत |
Language | हिंदी |
Broadcast area | भारत में आ इंटरनॅशनल |
Headquarters | नई दिल्ली |
Sister channel(s) | NDTV 24x7 NDTV Good Times NDTV Profit |
Website | ऑफिशियल वेबसाइट |
Availability | |
Satellite | |
Videocon d2h | चैनल 305 |
Tata Sky | चैनल 456 |
Cable | |
एशियानेट डिजिटल | चैनल 528 |
वर्जिन मीडिया (यूके) | चैनल 836 |
स्काई केबल/डेस्टिनी केबल(मेट्रो मनीला, फिलिपींस) | चैनल 127 |
एनडीटीवी इंडिया (NDTV India) एक ठो भारतीय हिंदीसमाचार चैनल बा जे एनडीटीवी द्वारा संचालित कइल जाला। मशहूर पत्रकार बिनोद दुआ आ रवीश कुमार के नाँव एह चैनल से जुड़ल बा।[1] जून 2016 में एनडीटीवी द्वारा यूनाइटेड किंगडम में दू गो चैनल सुरू करे के फैसला लिहल गइल - एनडीटीवी इंडिया आ एनडीटीवी स्पाइस।[2]
एनडीटीवी के सुरुआत प्रणब रॉय[3] आ राधिका रॉय द्वारा एक ठो समाचार उत्पादक के रूप में भइल। 1988 में एनडीटीवी द्वारा दूरदर्शन खातिर एक ठो प्रोग्राम "दि वल्ड दिस वीक" के निर्माण कइल गइल आ इ बहुत सफल भइल। एकरा बाद ई एक ठो प्राइवेट समाचार उत्पादक के रूप में स्थापित हो गइल।
सन 2003 में ई एक ठो नया 24x7 समाचार चैनल एनडीटीवी, अंग्रेजी में, सुरु कइलस आ अइसने चैनल हिंदी में।
2016 में भइल पठानकोट हमला के रिपोर्टिंग के ले के एनडीटीवी के सूचना प्रसारण मंत्रालय द्वारा कारण बताओ नोटिस जारी कइल गइल।[4] एही में ई कहल गइल कि टीवी चैनल द्वारा स्ट्रेटेजिक रूप से सम्बेदनशील जानकारी के प्रसारण कइल गइल, आ एकरा खातिर 9 नवंबर के एक दिन खातिर चैनल के ऑफ एयर (एक दिन खातिर प्रसारण पर रोक) कइल जाई।[5]