एम्बिग्राम चाहे एम्बीग्राम (अंग्रेजी: ambigram) एक किसिम के कैलिग्राफिक भा टाइपोग्राफिक डिजाइन होला जेह में लिखल शब्द के कई गो मतलब निकल सके लें।[2] सबसे चलनसार रूप में ई अइसन तरीका से लिखल शब्द होखे लें जिन्हना के उलट-पलट दिहल जाय तबो ऊहे शब्दवा पढ़ाला। एह तरीका से, दुसरा रूप में ई अइसनो शब्द लिखाई के डिजाइन होला जे देखे भा पढ़े वाला के डाइरेक्शन बदल जाए पर अलग अरथ वाला शब्द बन जाय; अइसन बिना डाइरेक्शन बदलले, खाली दिमागी सोच के बदलाव के चलते भी हो सके ला।
एह शब्दावली चाहे टर्म के आबिस्कार डगलस हॉफस्टेडर 1983-84 में कइलें। अपना सभसे चलनसार रूप में एम्बीग्राम सभ देख्लाई पड़े वाला रूप में सिमेट्री वाला होखे लें। जब इन्हन के पलट दिहल जाला तब्बो ठीक उहे शब्द पढ़ाला, चाहे बैकल्पिक रूप से उनहन के मतलब दूसर निकले लागे ला। एकर एगो किसिम "हाफ़ पलट" एम्बीग्राम होलें जिनहन के 180 डिग्री पलट दिहले पर उहे चीज फिर पढ़ाला, एकरा बिपरीत मिरर एम्बिग्राम अइसन होखे लें जे एक्सिस भा धुरी के आधार प सिमेट्रिक होखे लें जइसे कि उनहन के आइना में पढ़ल जाय तबो ऊहे चीज पढ़ल जा सके ला। कई किसिम के एम्बिग्राम बनावे के तरीका मौजूद बाड़ें।[3]
एम्बिग्राम बनावे के काम कई भाषा आ अक्षर सभ में हो सके ला, इनहन में अंक आ चीन्हा सब के इस्तमाल कइल जा सके ला। हाल के समय में इनहन के रचना में कला, साहित्य, गणित, मनोबिज्ञान आ ऑप्टिकल भरम के टेकनीक सब के इस्तेमाल भइल देखल जा रहल बाटे। अइसन सिमेट्री वाला शब्दन के रचना कइल एगो मनोरंजन भा आराम के रचनात्मक काज के रूप में देखल जाला। बहुत सारा एम्बिग्राम के रूप में बनल लोगो परसिद्ध बाने, एम्बिग्राम के रूप में बनल टैटू (गोदना वाला छापा) बहुत पॉपुलर बाड़ें। एम्बिग्राम बनावे के कई तरीका बिकसित कइल गइल बाड़ें आ अब इनहन खातिर कंप्यूटर सॉफ्टवेयर सभ के इस्तमाल कइल जा रहल बा। कई ठे ऑनलाइन वेबसाइट सब एम्बिग्राम बनावे के सुबिधा आसानी से उपलब्ध करा रहल बाड़ी स।
![]() | ई कला-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |