![]() | |
Native name | OPPO Electronics Corp. |
---|---|
Company type | सब्सिडरी |
Industry | उपभोक्ता इलेक्ट्रानिक्स |
Founded | 2001 2004 (बैस्विक रजिस्ट्रेशन) | (कंपनी सथापना)
Founder | चेन मिंगयांग |
Headquarters | डोनगुआंग, गुआंगडांग , |
Area served | बिस्व भर |
Key people | चेन मिंगयांग (सीइओ) |
Products | हाई-फाई, होम थियेटर, आडियो-विजुअल, स्मार्टफोन |
Number of employees | 1,780 ![]() |
Parent | बीबीके इलेक्ट्रानिक्स |
Divisions | ओप्पो डिजिटल |
Subsidiaries | वन प्लस |
Website | oppo.com oppodigital.com |
ओप्पो इलेक्ट्रानिक्स कॉर्प. चीन के एगो इलेक्ट्रानिक्स कंपनी बा। मुख्य रूप से ई स्मार्टफोन आ कुछ अन्य उपभोक्ता इलेक्ट्रानिक्स सामान बनावे ले। एकर मुख्यालय गुआंगडांग में बा आ ई साल 2001 में स्थापित भइल।[1] नया उमिर के लोग के टारगेट क के ई कंपनी कैमरा फोन के फोकस बना के आपन स्मार्टफोन बेच रहल बा।
"ओप्पो" नाँव से एह ब्रांड के रजिस्ट्रेशन चीन में साल 2001 में भइल आ ई 2004 में लांच भइल।[2] एकरे बाद ई पूरा दुनियाँ में फइल गइल।
जून 2016 में, ओप्पो चीन के सभसे बड़हन स्मार्टफोन बनावे वाली कंपनी बन गइल,[3] आ एकर प्रोडक्ट लगभग 200,000 से ढेर फुटकर दोकान सभ पर बिकाए लागल।[4]
साल 2017 में, ओप्पो एगो बोली में सभसे ढेर बोली लगा के भारतीय राष्ट्रिय क्रिकेट टीम के किट पर आपन लोगो देखावे के अधिकार जीत लिहलस। एह अधिकार के चलते भारतीय क्रिकेट टीम के किट पर एकर लोगो साल 2017 से 2022 ले देखावल जाई आ एह दौरान भारतीय टीम कुल 259 इंटरनेशनल मैच खेली जेह में 62 टेस्ट मैच, 152 वन डे, आ 45 टी20 इंटरनेशनल होखिहें। एह में साल 2019 में इंग्लैंड में होखे वाला वल्ड कप भी सामिल बा आ साल 2020 टी20 वल्ड कप भी बा जे ऑस्ट्रेलिया में होखी।
![]() | ई कॉर्पोरेशन भा कंपनी संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |