ओमप्रकाश राजभर | |
---|---|
उत्तर प्रदेश सरकार में मंत्री | |
पद पर मौजूद | |
पदभार लिहल गइल 19 मार्च 2017 | |
सीट | जहूराबाद, गाजीपुर जिला |
एमएलए | |
पद पर मौजूद | |
पदभार लिहल गइल 2017-अबतक | |
निजी जानकारी | |
राष्ट्रीयता | भारतीय |
राजनीतिक पार्टी | सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी |
माई-बाबूजी | सन्नू राजभर[1] |
निवास | जहूराबाद, गाजीपुर जिला, उत्तर प्रदेश |
प्रोफेशन | राजनीतिक नेता[1] |
ओमप्रकाश राजभर एगो भारतीय राजनीतिक नेता बाड़ें आ उत्तर प्रदेश के सतरहवीं बिधानसभा में एमएलए आ वर्तमान सरकार में कैबिनेट मंत्री बाड़ें। राजभर गाजीपुर जिला के जहूराबाद बिधानसभा क्षेत्र से एमएलए हवें आ ई सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी के अध्यक्ष भी हउवें, पार्टी आज्काल्ह भाजपा के साथे गठबंधन में बा।[2] गठबंधन "एकता मंच" के ई नेता भी हवें जेकर हिस्सा इनके पार्टी भासपा भी भा।
ओमप्रकाश राजभर अपना राजनीतिक जिनगी के सुरुआत कांशीराम के साथे 1981 में कइलेन आ बहुजन समाज पार्टी के नेता रहलें। बाद में, साल 2001 में बसपा सुप्रीमो मायावती से इनकर बिबाद भइल आ ई आपन अलगा पार्टी बना लिहलें।[3] नया पार्टी के नाँव भारतीय समाज पार्टी (भासपा) रखलें। इनके पार्टी साल 2004 से यूपी आ बिहार में चुनाव लड़ रहल बा बाकी 2017 से पहिले एह उमेदवार लोग के भूमिका दुसरे बड़ पार्टी सभ के खेल बिगाड़े वाला भर रहल।
साल 2017 के बिधान सभा चुनाव में भासपा के गठबंधन भारतीय जनता पार्टी के साथे भइल आ ई चार गो सीट प जीत पवलस जेह में खुद ओमप्रकाश राजभर भी सामिल बाने आ ई गाजीपुर के जहूराबाद से जीत हासिल कइलेन।[1]
19 मार्च 2017 के राजभर योगी मंत्रिमंडल में कैबिनेट मंत्री बनावल गइलेन आ इनके पिछड़ा बर्ग कल्याण आ बिकलांग कल्याण बिभाग के कार्यभार दिहल गइल बा।
# | से | तक | पोजीशन | टिप्पणी |
---|---|---|---|---|
01 | 2017 | पद पर | सदस्य, 17वीं बिधानसभा |
![]() ![]() | ई लेख भारत की केहू नेता की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |