कंप्यूटर वर्म (अंग्रेजी: Computer worm) एगो एकाकी (स्टैंडअलोन) मैलवेयर कंप्यूटर प्रोग्राम होला जे अपना के रिप्लीकेट करे ला आ दुसरे कंप्यूटर सभ में फइले ला।[1] बहुधा ई अपना के फइलावे खातिर कंप्यूटर नेटवर्क के इस्तमाल करे ला आ टार्गेट कंप्यूटर सभ के सुरक्षा में खामी के फायदा उठा के उन्हन में घुस जाला। एह नया कंप्यूटर में घुस के उहाँ ई वर्म होस्ट के रूप में अस्थापित हो जाला आ उहाँ से अउरी कंप्यूटर सभ के स्कैन करे ला आ उन्हनों के इन्फेक्ट करे के कोसिस करे ला। अइसहीं ई बिस्तार आ फइलाव के काम चालू रहे ला।[2]
कंप्यूटर वर्म सभ अपना के नकल अस्थापित करे (रिप्लिकेट करे) खाती रिकर्सिव तरीका इस्तमाल करें लें जेह में अपना के कॉपी करे खाती इनहन के कौनों दुसरे होस्ट प्रोग्राम के जरूरत ना होला। ई आपन फइलाव एक्सपोनेंशियल दर से करे लें आ बहुत कमे टाइम में बहुत सारा कंप्यूटरन में फइल जालें।[3] वर्म सभ से लगभग हमेशा नेटवर्क के कुछ न कुछ नोकसान होला भले ऊ बैंडविड्थ के खर्चा के रूप में होखे (अनचाहा तरीका से डेटा खर्चा होखे) जबकि कंप्यूटर वायरस सभ दुसरे फ़ाइल आ प्रोग्राम सभ में बदलाव क के नोकसान पहुँचावे लें।
बहुत सारा वर्म अइसनो डिजाइन कइल जालें जे खाली फइले लें आ जवना सिस्टम से हो के गुजरे लें उनहन में कौनों बदलाव ना करे लें। हालाँकि मॉरिस वर्म आ माईडूम वर्म के उदाहरण से ई साबित भइल बा की ई "बिना पे लोड" वाला वर्म भी भारी बाधा आ बिघटन पैदा क सके लें आ नेटवर्क में ट्रैफिक बढ़ा के आ अउरी अनचाहा परिणाम पैदा क के नोकसान क सके लें।
![]() | ई कंप्यूटर बिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |