करवा चौथ

करवा चौथ
तिहुआर के रिवाज अनुसार चलनी से चान देखत औरत लोग
अन्य नाँवकरवा चउथ, करकचतुर्थी
मनावे वालाएह्वातिन औरत लोग, कबो काल्ह बिना बियहलो लड़िकी लोगन द्वारा[1]
प्रकारहिंदू धर्म
मनावे के तरीकापूजा
Observancesएहवाती औरतन द्वारा निर्जला ब्रत, कथा आ पूजा
समय मास (महिन्ना) (अमांत) / मास (महिन्ना) (पूर्णिमांत), पक्ष (पाख), तिथि (तिथी)
2023 तारीख1 नवंबर (बुध)

करवा चौथ (संस्कृत: करक चतुर्थी) एगो हिंदू तेहवार ह जे पच्छिमी आ उत्तरी भारत में औरत लोग अपना पति खातिर बरत राख के आ पूजा क के मनावे ला। ई कातिक महीना के अन्हरिया पाख के चउथ तिथी के मनावल जाला। औरत लोग एह दौरान सुरुज उगे से ले के चंद्रमा के उगे तक ले निर्जला ब्रत रहे ला आ साँझ बेर चंद्रमा के पूजा क के, कथा बाँच के आ चंद्रमा के दर्शन क के ब्रत तूरे ला।

ई तिहुआर, बाकी बहुत सारा हिंदू तिहुआर सभ मतिन, चंद्र-सुरुज आधारित कलेंडर के तिथि के हिसाब से पड़े ला। कातिक महीना के अन्हार पाख के चउथ तिथि के मनावल जाला जे अंग्रेजी कलेंडर के हिसाब से घसकत रहे ला आ आमतौर प अक्टूबर चाहे नवंबर के महिन्ना में पड़े ला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Sohindar Singh Waṇajara Bedi (1971), Folklore of the Punjab, National Book Trust, ... Sometimes even unmarried girls observe this fast and pray for their wife-to-be ...