क़ब्बत-अल-सख़रा (قبة الصخرة ), (अंग्रेजी: The Dome of the Rock; हिब्रू भाषा: כיפת הסלע किप्पत-हा-सेला) जेकर अर्थ होला चट्टान के गुंबद, जेरुसलम में एगो इतिहासी महजिद आ धरोहर बा।
एकर निर्माण 691 ईसवी में, उमय्यद ख़लीफ़ा अब्द-अल-मलिक के आदेश पर भइल। एकर निर्माण जुपिटर कैपिटोलिनस के रोमन काल के मंदिर के जगह पर भइल जे खुद एगो यहूदी मंदिर के जगह पर बनावल गइल रहे जब 70 ईसवी में जेरुसलम के घेराव के दौरान मूल यहूदी मंदिर के गिरा दिहल गइल रहे। महजिद के मूल गुंबद 1015 में ढह गइल आ एकरा के 1022–23 में दोबारा बनावल गइल आ ई इस्लामी आर्किटेक्चर के सभसे पुरान नमूना सभ में से एक बा।[1]
भवन के रूपरेखा आ रचना आसपास के बाइजेन्टाइन चर्च आ महल सभ से परभावित हऽ,[2] हालाँकि तुर्कमान (ऑटोमन) साम्राज्य के दौरान एकर बाहरी सजावट में काफी बदलाव कइल गइल। एकरा बाद आधुनिक काल में भी एह में बदलाव कइल गइल, खासतौर पर एकर गुंबद पर सोना के पत्तर चढ़ावे के काम जे 1959–61 में, आ दोबारा 1993 में भइल। आठ कोण के भवन रचना भी बाइजेन्टाइन चर्च सीट ऑफ दि मैरी से परभावित हो सकेलाजेकर निर्माण 451 आ 458 में जेरुसलम आ बेतलहम के बीच के सड़क पर भइल।
इस्लाम के अनुयायी लोग खातिर एह महजिद के बहुत महत्त्व बा। मानल जाला के मोहम्मद के स्वर्ग के रात भर के यात्रा के सुरुआत एही पत्थर से भइल जे एह महजिद के बीच में रखल बा।[3][4]
{{cite book}}
: |volume=
has extra text (help)
![]() | ई लेख कौनो भवन भा बिल्डिंग के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
![]() | ई इस्लाम-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |