कान्तिपुर नेपाली भाषा में रोज छपे वाला एगो अखबार ह, जवन नेपाल के काठमांडू, बिराटनगर, नेपालगंज आ भरतपुर से एके साथ छपेला। एकर स्थापना श्याम गोइंका जी कइले रहनी।[3]
कान्तिपुर' के प्रकाशक सभ खबर कइले रहले लोग की कान्तिपुर के बिक्री रोजिना 350,000 से भी अधिका बा। मानल जाऽला की ई नेपाल में सबसे अधिका पढ़े जाए वाला अखबार ह, जबकि नेपाल घर होए वाला अप्रवासी लोग जे बिदेशन में रहेला लोग, उ लोग खातिर ई एगो निमन माध्यम बा नेपाल के बारे में जानकारी रखे के। सुधीर शर्मा 2008 ई. से अखबार के मुख्य-संपादक (चीफ-इन-एडिटर) बाड़े।