किशनपुर वाइल्डलाइफ सैंक्चुरी | |
---|---|
लोकेशन | उत्तर प्रदेश, भारत |
भूगोलीय निर्देशांक | 28°24′01″N 80°22′01″E / 28.4002°N 80.367°Eनिर्देशांक: 28°24′01″N 80°22′01″E / 28.4002°N 80.367°E |
रकबा | 227 किमी2 (2.44×109 वर्ग फु) |
स्थापना | 1972 |
किशनपुर वाइल्डलाइफ सैंक्चुरी (Kishanpur Wildlife Sanctuary) भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के लखीमपुर खीरी जिला में एगो वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी बाटे।[1] एकर कुल रकबा 227 किमी2 (2.44×109 वर्ग फु) बाटे आ एकर अस्थापना 1972 में भइल। 1988 में ई बनजीव बिहार प्रोजेक्ट टाइगर के तहत बनावल दुधवा टाइगर रिजर्व के हिस्सा बनल;[2] एकरे अलावा दुधवा नेशनल पार्क आ कतरनियाघाट वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी एह टाइगर रिजर्व में सामिल बाड़ें। भारत-नेपाल बार्डर के इलाका में 14 गो संरक्षित एरिया सभ, जिनहन के तराई आर्क लैंडस्केप कहल जाला, एहू में ई बनजीव बिहार सामिल बाटे।
ई हिमालय के तराई वाला इलाका हवे जहाँ घन जंगल आ घासभूमि पावल जालीं। बन में सखुआ, सागौन आ जामुन के फेड़ मिले लें।
एहिजा के प्रमुख आकर्षण बंगाल टाइगर के नाँव से जानल जाए वाली भारतीय बाघ के प्रजाति हवे। बाघ के अलावा एह बनजीव बिहार में तेंदुआ, बारहसिंगा, हॉग डियर, बार्किंग डियर नाँव के हरिना के प्रजाति मिले लीं। चिरई में बंगाल फ्लोरिकन आ छोटका फ्लोरिकन प्रमुख आकर्षण बाड़ें।
![]() | ई लेख उत्तर प्रदेश के कौनों जगह से संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |