कुवैत एयरवेज़ कुवैत क राष्ट्रीय वायु सेवा ह, जेकर मुख्यालय कुवैत अन्तर्राष्ट्रीय विमानक्षेत्र की परिसर में स्थित बा।[1] इ कंपनी मध्य पूर्व, भारतीय उपमहाद्वीप, यूरोप, दक्षिण पूर्व एशिया एवं उत्तरी अमरीका में अनुसूचित अन्तर्राष्ट्रीय सेवा संचालित करेले। एकर प्रमुख आधार कुवैत अन्तर्राष्ट्रीय विमानक्षेत्र में आइल बा।
ए विमान सेवा का इतिहास 1953 मे व्यापारिन की एगो समूह द्वारा कुवैत सरकार की साथ 50:50 की भागेदारी मे शुरू कइल गइल कुवैत नॅशनल एयरवेज़ से शुरू होला।[2] ओही वर्ष ब्रिटिश ओवरसीज एयरवेज़ कॉर्पोरेशन क एगो सहायक कंपनी ब्रिटिश इंटरनॅशनल एयरलाइन्स, जवन की कुवैत मे चार्टर्ड विमान सेवा और रखरखाव संबंधी सेवा प्रदान करे, ओकरी साथ एगो पाँच साल क अनुबंध कइल गइल। दुगो डकोटा विमानन की खरीदारी की साथ 16 मार्च 1954 से सेवा आरंभ हो गइल।[3]
परिचालन की पहिला ही साल में ए विमान सेवा द्वारा 8966 यात्री लोग यात्रा कइल लो। जुलाई 1955 मे एकर नाँव कुवैत एयरवेज़ करा गइल और मई 1958 मे ब्रिटिश ओवरसीज एयरवेज़ कॉर्पोरेशन की साथ प्रबंधन और परिचालन खातिर एगो नया करार कइल गइल। अप्रैल 1959 मे कुवैत एयरवेज़ ब्रिटिश इंटरनॅशनल एयरलाइन क अधिग्रहण क लिहलस।
दिसंबर 2013 की जानकारी की अनुसार कुवैत एयरवेज़ कुवैत सरकार क पूर्ण स्वामित्व वाली कंपनी ह।[4]
जनवरी 2016 की जानकारी की अनुसार अब्दुल्लाह अल शरहा एकर मुख्य कार्यकारी अधिकारी हवं।[1]
अल फ़रवानियाह गवरनोरेट मे स्थित कुवैत इंटरनॅशनल एयरपोर्ट प कुवैत एयरवेज़ क मुख्यालय बा।[5]
कुवैत एयरवेज़ क कईगो सहायक कंपनी बाड़ी स जवन की कुवैत एयरवेज़ की नियर निजीकरण की प्रक्रिया की अलग अलग चरण से गुजरत बाड़ी स।
आपन बढ़त माँग और 1990 मे भइल युद्ध की दौरान आपन सेवा चालू रखे खातिर कुवैत एयरवेज़ कई सारा एयरलाइन्स के साथ गठबंधनों कइले बा।
नवम्बर 2013 ले, एकरी मुख्य मथक कुवैत अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा से, कुवैत एयरवेज एशिया, यूरोप, उत्तरी अमरीका और मध्य पूर्व की 34 अन्तर्राष्ट्रीय गंतव्य स्थान खातिर उड़ान भरे ले।[6]
निम्नलिखित एयरलाइन कंपनी से कुवैत एयरवेज क कोड साझा करार बा:[7]
जनवरी 2017 एकरी बेड़ा में निम्नलिखित जहाज शामिल रहली स:[8]
एगो एयरबस A300-600, एगो A310-300, एगो A319, एगो A320, दुगो A340-500 और एगो बोईंग 747-8BBJ
ऑक्टोबर 2013 में, कुवैत एयरवेज की लगे मध्य पूर्व में सबसे प्राचीनतम में से औसत उम्र 20 साल वाला एगो एयरक्राफ्ट पार्क रहे। ओ महिना में, इ कम्पनी आपन रख रखाव क सुविधा प्रेस के देखे खातिर खोल दिहलस ताकि सभे देख ले की ओकर विमान बेड़ा क रख रखाव कौने तरह से होता, ओकरी पहिले एकर खराब रख रखाव से संबंधित बहुत अफवाह उड़ल रहे। ओही साल की दिसम्बर में इ कम्पनी एयरबस की साथ 15गो A320 नियो और 10 गो A350-900 लिहले क मेमोरेंडम ऑफ़ अंडरस्टैंडिंग साइन कइलस।
{{cite news}}
: Unknown parameter |deadurl=
ignored (help)
{{cite web}}
: Unknown parameter |dead-url=
ignored (help)
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Kuwait Airways पर मौजूद बा। |