Keoladeo Ghana National Park | |
---|---|
आइयूसीएन श्रेणी II (राष्ट्रीय पार्क) | |
लोकेशन | भरतपुर, राजस्थान, भारत |
नजदीकी शहर | भरतपुर, राजस्थान |
भूगोलीय निर्देशांक | 27°10′00″N 77°31′00″E / 27.166667°N 77.516667°Eनिर्देशांक: 27°10′00″N 77°31′00″E / 27.166667°N 77.516667°E |
रकबा | 2,873 हेक्टेयर (7,100 एकड़; 11.1 वर्ग मील; 28.7 किमी2) |
स्थापना | 10 मार्च 1982 |
आवे वाला लोग | 100,000 (in 2008)[1] |
गवर्निग बॉडी | राजस्थान पर्यटन विकास निगम |
ऑफिशियल नाँव | Keoladeo National Park |
पैमाना | Natural: (x) |
संदर्भ | 340 |
इंस्क्रिप्शन | 1985 (9वाँ सेशन) |
तिथी | 1 October 1981 |
रिफरेंस नं॰ | 230[2] |
केवलादेव घना नेशनल पार्क, जेकरा पहिले भरतपुर बर्ड सेंचुरी के नाँव से जानल जाय, भारतीय राज्य राजस्थान के भरतपुर में एगो नेशनल पार्क बाटे। ई यूनेस्को के बिस्व धरोहर सभ में शामिल बा। एकरा के अउरी कई किसिम के जंगली जिया-जंतु सभ के साथे साथ बिबिध किसिम के चिरई सभ के निवास आ जाड़ा में उत्तरी देसन से आवे वाली प्रवासी चिरई सभ खाती जानल जाला। एकर नाँव एह इलाका में पड़े वाला शंकर भगवान के मंदिर के नाँव पर पड़ल हवे जेकरा के केवलादेव मंदिर कहल जाला। प्राकृतिक रूप से निचाई वाला इलाका के रूप में मौजूद झील, आसपास के दलदली इलाका आ बाढ़ वाला इलाका के कारन इहाँ बहुत पुराना जमाना से चिरई सभ के बहुत सारी प्रजाति पावल जालीं। वर्तमान में एकरा भीतर मौजूद बनावटी झील खाती एगो बान्ह से पानी सप्लाई होला।
1971 में एकरा के संरक्षित क्षेत्र घोषित कइल गइल रहे। 1985 में एकरा के बिस्व धरोहर सभ में सामिल कइल गइल।
ई भारत के कौनों अस्थान भा भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |