गोलगोथा चाहे कैलवेरी येरुशलम में ऊ अस्थान हवे जहाँ ईसाई कथा सभ (गौसेपल) के मुताबिक़ ईसा मसीह के सूली चढ़ावल गइल रहे।[1][2] बतावल जाला कि ओह समय के येरुशलम के देवाल के बहरें एगो ऊँच टेकरी पर यीशु के सूली दिहल गइल। एह अस्थान के वर्तमान पहिचान 'द चर्च आफ़ द होली सेपल्कर' के भीतर चिन्हित जगह के रूप में कइल जाला। ईसाई लोग खातिर ई पबित्र अस्थान हवे आ बहुत सारा लोग इहाँ जातरा करे ला आ एह चर्च में आ के प्रार्थाना करे ला आ माफ़ी माँगे ला।
कुछ बिद्वान लोग एह अस्थान के पहिचान परंपरागत रूप से मानल जाए वाली जगह आ चर्च से अलग हट के भी बतावे ला।[3]
![]() | ई ईसाई धर्म-सम्बंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |