कौशांबी | |
---|---|
city | |
![]() कौशांबी में ढलल सिक्का, 1ली सदी ईसा पूर्व; "कोसाबी" लिखल, ब्रिटिश म्यूजियम से। | |
Coordinates: 25°20′20″N 81°23′34″E / 25.338984°N 81.392899°Eनिर्देशांक: 25°20′20″N 81°23′34″E / 25.338984°N 81.392899°E | |
देस | भारत |
कौशांबी या कोसांबी एक ठो प्राचीन भारतीय नगर रहल जेकर वर्तमान लोकेशन इलाहाबाद से लगभग 56 किलोमीटर दक्खिन-पच्छिम में जमुना नदी के किनारे मौजूद स्थान कोसम के रूप में पहिचानल जाला। नगर के स्थापना उत्तर-वैदिक काल में कुरु लोग द्वारा कइल गइल आ शुंग बंस के शासनकाल में ई वत्स राज आ बाद में वत्स महाजनपद के राजधानी रहल। गुप्त काल में ई नगर गुप्त साम्राज्य में मिल गइल।
आधुनिक काल में इहाँ खोदाई कइल गइल बा आ ओह जमाना के इतिहासी चीज सभ के खोज कइल गइल बा, इहाँ से पावल गइल तमाम मूर्ती आ अन्य चीज इलाहाबाद म्यूजियम में संरक्षित कइल गइल बा। इलाहाबाद जिला के पच्छिमी हिस्सा के अलग क के एही इतिहासी नगर के नाँव पर कौशांबी जिला नाँव दिहल गइल बा।
![]() ![]() | ई भारतीय इतिहास-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |