अलग-अलग भाषा में स्कंध/खंध | |
---|---|
अंग्रेजी | aggregate, mass, heap |
पाली | खन्ध (khandha) |
संस्कृत | स्कन्ध (skandha) |
बंगाली | স্কন্ধ (skandha) |
बर्मी | ခန္ဒာ (IPA: [kʰàɴdà]) |
चीनी | 蘊(T) / 蕴(S) (pinyin: yùn) |
जापानी | 五蘊 (rōmaji: go'un) |
ख्मेर | បញ្ចក្ខន្ធ |
कोरियन | 온 (RR: on) |
शान | ၶၼ်ႇထႃႇ ([khan2 thaa2]) |
तिब्बती | ཕུང་པོ་ལྔ་ (phung po lnga) |
थाई | ขันธ์ |
वियतनामी | Ngũ uẩn |
बौद्ध धर्म शब्दावली |
एगो कड़ी के हिस्सा जेकर बिसय बाटे |
बौद्ध धर्म |
---|
![]() |
बौद्ध दर्शन में पाँच गो स्कंध या खंध (संस्कृत:स्कन्ध) मानल गइल बाड़ें जिनसे अनुभव करे वाली सत्ता या ब्यवहार में जवना के जीवात्मा कहि दिहल जाला, के रचना मानल गइल बाटे। ई पाँच गो स्कंध - रूप, वेदना, संज्ञा, संस्कार आ विज्ञान हवें। इनहने के क्षणिक संघात (एकट्ठा भइले) के पुद्गल या आत्मा कहल जाला।[1][नोट 1][नोट 2]
पाँच स्कंध, हीनयान के प्रमुख सिद्धांत क्षणभंगवाद के दू गो रूप "संतानवाद" आ "संघातवाद" में से संघातवाद के अंतर्गत आवेलें। संघात के मतलब होला एकट्ठा भइल (aggregate)। क्षणभंगवाद ई कहे ला कि चेतना से युक्त ना त आत्मा बा न भौतिक पदार्थ। ना त कौनों आत्मा या पुद्गल नाम के चेतन द्रव्य बाटे न कौनों भौतिक पदार्थ। सत् खाली क्षणिक धर्म हवे, क्षणिक विज्ञान आ क्षणिक परमाणु के प्रवाह हो रहेला। संघातवादके अनुसार ई आपस में मिल के एकट्ठा हो के पाँच परकार के खंध बनावे लें आ ई पांचो खंध एकट्ठा होके महसूस करे वाला सत्ता (आत्मा या पुद्गल) हवे।[4]
{{cite book}}
: Invalid |ref=harv
(help)![]() | ई बौद्ध धर्म-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |