खासी | |
---|---|
Ka Ktien Khasi, ক ক্ত্যেন খসি | |
उच्चारण | /ka kt̪eːn kʰasi/ |
मूलभाषा बाटे | भारत, बांग्लादेश |
क्षेत्र | मेघालय, असम |
नृजातीयता | खासी जनजाति |
मूल बोले वाला | 1,037,964 (2011 कऽ जनगणना)[1] |
ऑस्ट्रो-एशियाई
| |
Latin Bengali[2] | |
भाषा कोड | |
ISO 639-2 | kha |
ISO 639-3 | kha |
Glottolog | khas1269 [3] |
![]() Khasi-speaking areas |
खासी एगो ऑस्ट्रो एशियाई परिवार के एगो भासा हटे, जे भारत के मेघालय राज्य मे बोलल जाला। हेकर बोलवइया लोग असम आ बांग्लादेशो मे भेंटा जइहन। खासी एगो ऑस्ट्रो एशियाई परिवार के भासा हऽ आ दक्खिन पुरूब एशिया के ख्मेर, पलउँग, वियतनामी आ मोन भासा सभ ले हेकर संबंध बावे।
खासी भासा के सोरह लाख लोग भारत भ मे बोलेला। 2005 मे ई मेघालय के कोनो कोनो जिला के काम काज के भासा बनल रहे आ मई 2012 के बादि से यूनेस्को हेकरा ओराए के खतरा होखे वला भासा सभ के लिस्ट मे से निकार दिहलस।[4] एह भासा के भारत के संविधान के आठम अनूसुचि मे सामिल करे के माँग उठेला।[5]
खासी बोलनीहार लोग बेसी मेघालय के खासी अउरी जैंतिया के परवतन प भेंटालें। असम आ बांग्लादेश मे कम मात्र मे एकर बोलनिहार लोग बा। 2005 से ई मेघालय के दोसरका राजभासा हटे।
खासी के लैटिन आ बंगाली मे लिखल जाला आ पढ़ावत बजी एह दुन्नों लिपियन के परजोग होखेला।