गुड़मार (Gymnema sylvestre, जिम्नेमा सिल्वेस्ट्री )[1] एक किसिम के लकड़ी वाली लता होखे ले जे एशिया (अरब प्रायदीप के साथे), अफिरका आ आस्ट्रेलिया के मूल निवासी पौधा हवे। ई आयुर्वेद में दवाई के कामे आवे ला। अंग्रेजी में एकर आम चलन के नाँव जिम्नेमा हवे।[2] एकरे अलावा एकरा के आस्ट्रेलियन काऊप्लांट आ पेरीलोका ऑफ़ द वुड्स कहल जाला। भोजपुरी आ हिंदी नाँव गुड़मार एकरे एह खासियत के कारन परल हवे कि एकर पतई चबा के खा लिहले पर काफी देरी ले मिठास के सवाद के पता ना लागे ला।[3][4][5]
एकरे पतई आ एकरा से निकालल जाए वाला सत में जिम्नेमिक एसिड होखे ला,[6][7][8][9][10] इहे ऊ प्रमुख चीज हवे जे जीभ के सवाद चीन्हे वाला रिसेप्टर सभ के साथे रिएक्शन करे ला आ कुछ समय खातिर जीभ पर मीठ सवाद के पता चलल बंद करा देला।
आयुर्वेद आ देसी खर-बीरो वाला सिस्टम में दावा कइल जाला कि ई पौधा शूगर के बेमारी में लाभ पहुँचावे ला।
↑Ulbricht C, Abrams TR, Basch E, Davies-Heerema T, Foppa I, Hammerness P, Rusie E, Tanguay-Colucci S, Taylor S, Ulbricht C, Varghese M, Weissner W, Woods J (2011). "An evidence-based systematic review of gymnema (Gymnema sylvestre R. Br.) by the Natural Standard Research Collaboration". Journal of Dietary Supplements. 8 (3): 311–30. doi:10.3109/19390211.2011.597977. PMID22432729. S2CID29228955.
Ambasta SP (1986). The useful plants of India. New Delhi: Publications & Information Directorate, Council of Scientific & Industrial Research. ISBN978-81-85038-02-5.