गुवाहाटी
गौहाटी(औपनिवेशिक) प्रगज्योतिशपुरा(प्राचीन) | |
---|---|
A view of Guwahati city | |
Nicknames: | |
Coordinates: 26°11′N 91°44′E / 26.183°N 91.733°Eनिर्देशांक: 26°11′N 91°44′E / 26.183°N 91.733°E | |
देश | ![]() |
राज्य | असम |
क्षेत्र | निचला असम |
जिला | Kamrup Metropolitan district |
Government | |
• Type | Republic |
• Body | Guwahati Municipal Corporation |
• Mayor | Mrigen Sarania (BJP) |
• Deputy Commissioner | Virendra Mittal, IAS[3] |
• Police Commissioner | Sri Hiren Chandra Nath, IPS[4] |
Area | |
• महानगर | 328 किमी2 (128 बर्ग मील) |
Elevation | 50−680 m (164−2,231 ft) |
Population (2011)[6] | |
• महानगर | 957,352 |
• Rank | 48th |
• Density | 2,900/किमी2 (7,500/बर्ग मील) |
• Metro | 962,334 (UA) |
Demonym | Guwahatian |
Time zone | UTC+5:30 (आइएसटी) |
PIN | 781 XXX |
Telephone code | +91 - (0) 361 - XX XX XXX |
ISO 3166 code | IN-AS |
Vehicle registration | AS-01 (Kamrup Metro) / AS-25 (Kamrup Rural and Dispur) |
HDI | ![]() |
City animal | Gangetic river Dolphin[8] |
Official language | Assamese is city's official language used in governmental and conversation purpose , other languages spoken across city includes -: Bodo, Bengali, Hindi, Mishing, Rabha, Kachari, Meitei, and Punjabi. |
Literacy | ![]() |
Climate | Cwa (Köppen) |
Website | www |
गुवाहाटी चाहे गौहाटी पूर्वोत्तर भारत की आसाम में सभसे बड़ शहर आ मेट्रो एरिया हवे आ ई पूर्वोत्तर भारत के भी सभसे बड़ शहर हवे। असम के राजधानी दिसपुर गुवाहाटी के भीतर स्थित सर्किट सिटी क्षेत्र में बा आ असम सरकार के मुख्यालय ह। पहाड़ी सभ के साथ एगो प्रमुख नदी किनारे के बंदरगाह शहर, आ भारत के सभसे तेजी से बढ़त[12] शहर सभ में से एक, गुवाहाटी ब्रह्मपुत्र के दक्खिनी किनारे पर स्थित बा। एकरा के पूर्वोत्तर भारत के प्रवेश द्वार कहल जाला।
प्राचीन शहर प्रागज्योतिषपुरा आ दुर्जय (उत्तर गुवाहाटी) प्राचीन राज्य कामरूप के राजधानी रहलें। कई गो प्राचीन हिंदू मंदिर जइसे कि कामाख्या मंदिर, उग्रतारा मंदिर, बसिष्ठ मंदिर, दोल गोविन्द मंदिर, उमानन्द मंदिर, नवग्रह मंदिर, सुखरेश्वर मंदिर, रुद्रेश्वर मंदिर, मणिकर्णेश्वर मंदिर, अश्वक्लांत मंदिर, दीर्घेश्वरी मंदिर, अश्वक्रांता मंदिर, लंकेश्वर मंदिर, भुवनेश्वरी मंदिर, शुभ .गणेश मंदिर, श्री पंचायतन मंदिर, नूनमाटी, आ अइसने कई गो मंदिर, शहर में बाड़ें जवना से एकरा के "मंदिर के शहर" के उपाधि दिहल गइल बा.
गुवाहाटी ब्रह्मपुत्र नदी के किनारे आ शिलांग पठार के तलहटी के बीच में पड़े ला आ पच्छिम में एलजीबी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा आ पूरब में नरेंगी शहर बा। ब्रह्मपुत्र के उत्तरी तट तक के उत्तर गुवाहाटी इलाका के धीरे-धीरे शहर के सीमा में शामिल कईल जा रहल बा। प्रख्यात मदन कामदेव गुवाहाटी से 30 किलोमीटर (19 मील) दूर स्थित बा। गुवाहाटी नगर निगम, शहर के स्थानीय सरकार, 216 वर्ग किलोमीटर (83 वर्ग मील) के क्षेत्रफल के प्रबंधन करे ले, जबकि गुवाहाटी महानगर बिकास प्राधिकरण (GMDA) ग्रेटर गुवाहाटी महानगर क्षेत्र के योजना आ बिकास निकाय हवे। गुवाहाटी पूर्वोत्तर भारत के सभसे बड़ शहर बा।
गुवाहाटी इलाका में बिबिध वन्यजीव सभ पावल जालें जेह में एशियाई हाथी, अजगर, बाघ, गैंडा, गौर, प्राइमेट प्रजाति सभ, आ बिलुप्त होखे वाला चिरई सभ नियर दुर्लभ जानवर सामिल बाड़ें।
![]() | ई भारत के कौनों अस्थान भा भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |