गोरखपुर हवाईअड्डा | |||||||||||
---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|
![]() | |||||||||||
Summary | |||||||||||
Airport type | सिविल एन्क्लेव | ||||||||||
Owner | एयरपोर्ट अथौरिटी ऑफ़ इंडिया | ||||||||||
Operator | भारतीय एयर फ़ोर्स | ||||||||||
Serves | गोरखपुर | ||||||||||
Location | गोरखपुर, उत्तर प्रदेश, भारत | ||||||||||
Elevation AMSL | 79 m / 259 ft | ||||||||||
Coordinates | 26°44′22″N 83°26′58″E / 26.73944°N 83.44944°E | ||||||||||
Map | |||||||||||
Runways | |||||||||||
|
गोरखपुर हवाईअड्डा (IATA: GOP, ICAO: VEGK) उत्तर प्रदेश के गोरखपुर मे एगो हवाईअड्डा बाटे। भारतीय हवाईअड्डा प्राधिकरण एकरा के भारतीय वायुसेना के गोरखपुर वायुसेना स्टेशन पर सिविल एन्क्लेव के रूप में संचालित करेला। गोरखपुर शहर से ई हवाईअड्डा 5 मील (8.0 किमी) दूरी पर बा। एह हवाईअड्डा के क्षेत्रफल 0.71 एकड़ बा। जून 2017 में सिविल टर्मिनल भवन के उद्घाटन उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कइलें।
इ भारतीय सशस्त्र बल के अड्डा में से एगो ह जवन भारतीय वायुसेना के केंद्रीय वायु कमान के तहत काम करेला, आईएएफ इहाँ से नंबर 16 स्क्वाड्रन आईएएफ, नंबर 27 स्क्वाड्रन आईएएफ अउरी नंबर 105 हेलीकाप्टर यूनिट के संचालन करेला। एह स्क्वाड्रन सभ में नियमित रूप से सैन्य अभ्यास होला; एकरा अलावा ई लोग बचाव अभियान में सक्रिय रूप से भाग लेला। सेपेकैट जगुआर विमान आ मिल एमआई-17 हेलीकाप्टर इहाँ स्थित बा।[1]
एह हवाइअड्डा पर एक ठो रनवे बाटै जेकरा के 11/29 डेजिग्नेशन दिहल गइल बाटै आ एकर आमाप 2,743 बाई 46 मीटर (9,000 बाई 150 फीट) के बाटै। एह हवाइअड्डा पर स्थित टर्मिनल सभसे ब्यस्त समय में 200 यात्री लोगन के सेवा दे सके ला आ एकर एरिया 23,500 वर्ग फीट बाटै।[2][3]
28 मार्च 2021 के उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ₹26.87 करोड़ के लागत से मौजूदा टर्मिनल भवन के बिस्तार के नींव रखलें जे 3440 वर्ग मीटर के इलाका में फइलल बाटै।[4][5] आगमन हॉल में दू गो कन्वेयर बेल्ट, 10 गो चेक-इन-काउंटर, एस्केलेटर, लिफ्ट, रेस्टोरेंट पहिला मंजिल में एगो अतिरिक्त सुरक्षा होल्डिंग एरिया से लैस ई बिस्तारित टर्मिनल बिल्डिंग पीक आवर में 200 यात्री लोग के संभाल सके ला।[5]
The crash happened barely 15 minutes after it took off from Gorakhpur air base along with two other Jaguars for routine exercise.
![]() | ई लेख भारत में कौनों हवाईअड्डा की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |