ग्रांट पार्क Grant Park | |
Location | शिकागो |
---|---|
Coordinates | 41°52′34″N 87°37′08″W / 41.876°N 87.6189°Wनिर्देशांक: 41°52′34″N 87°37′08″W / 41.876°N 87.6189°W |
Area | शिकागो लूप |
Architect | एडवर्ड एच बेनेट |
Architectural style | ब्यू आर्ट्स, आर्ट डेको |
Governing body | शिकागो पार्क डिस्ट्रिक्ट |
NRHP Reference # | 92001075 |
Added to NRHP | 21 जुलाई 1993 |
ग्रांट पार्क (अंग्रेजी: Grant Park) शिकागो शहर में मिशिगन झील के पच्छिमी किनारे पर एक ठो पार्क बाटे। ई शिकागो के लूप कम्यूनिटी एरिया में मौजूद बा आ (319 एकड़ 1.29 कि॰मी॰²) के क्षेत्रफल में फइलल बाटे। शिकागो के सेंट्रल बिजनेस डिस्ट्रिक्ट (सीबीडी) में मौजूद एह पार्क के मुख्य आकर्षण के चीज गिनावल जाय त इहाँ मिलेनियम पार्क, बकिंघम फुहारा, शिकागो कला इंस्टीट्यूट, म्यूजियम कैम्पस नियर चीज बाड़ी। मूल रूप से एकरा के झील पार्क (Lake Park) कहल जाय आ ई एह शहर के बसले के समय से इहाँ बा, एकर नाँव 1901 में उलिसस एस ग्रांट के सम्मान में उनुकी नाँव पर रखाइल। पार्क के एरिया कई बेर बढ़ावल गइल आ ई बिस्तार झील से जमीन हासिल क के भइल। मुक्त अस्थान के इस्तेमाल के ले के एह पार्क के बिस्तार पर कई बेर बिबाद भी भइल।
एकरा उत्तर ओर रैन्डाल्फ सड़क, दक्खिन ओर रूज़वेल्ट रोड आ मैकफेट्रिज ड्राइव बा, पच्छिम ओर मिशिगन एवेन्यू आ पूरुब ओर मिशिगन झील बाटे। पार्क में पब्लिक के इस्तेमाल खातिर जगह, बगइचा, कला के प्रदर्शनी, आयोजन स्थल आ खेल के जगह मौजूद बाटे। इहँवा कुछ सालाना जलसा के अस्थान भी बाटे।
पार्क के अक्सरहा "शिकागो के दुआर" भी कहल जाला। एह पार्क के प्रशासन आ मैनेजमेंट के जिम्मेदारी शिकागो पार्क डिस्ट्रिक्ट के हवाले बाटे।
{{cite book}}
: CS1 maint: multiple names: authors list (link)विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया ग्रांट पार्क पर मौजूद बा। |