चंदन के तेल (अंग्रेजी: Sandalwood oil) एक किसिम के एसेंस वाला तेल (अरक वाला; essential oil ) होखे ला जेकरा के चंदन के लकड़ी के टुकड़ा सभ के भाप द्वारा अरक निकाल के बनावल जाला; खासतौर प भारतीय चंदन (सैंटेलम एल्बम )[1] आ आस्ट्रेलियाई चंदन (सैंटेलम स्पिकैटम ) के प्रजाति के लकड़ी एह काम खातिर इस्तेमाल कइल जाला।
चंदन के तेल भा अर्क के इस्तेमाल इतर बनावे में, कॉस्मेटिक (सौंदर्य प्रसाधन), पूजा-पाठ वाला महकउआ चीज बनावे में आ बिबिध किसिम के पकवान आ वयंजन बनावे में इस्तेमाल होखे ला।[1]