चुनाव छँटाई

कंप्यूटर बिज्ञान मे चुनाव छँटाई एगो छँटाई के बिधी हऽ। हेकर समय जटिलता O (n 2) हऽ जेकरा चलते बड़हन लिस्ट प ई कारगर नइखे आ ढुकाव छँटाई हेकरा ले गते गते काम करेला।

ई बिधी लिस्ट के दु भाग मे बाँट देवेला: पहिले से छाँटल अंग सभ से लिस्ट आ दोसरका अईसन लिस्ट जेकरा छाँट के पहिलका लिस्ट के पाछे लगावल जाला। सुरुआत मे छांटल लिस्ट फांका होला आ बेछाँटल लिस्ट मे असली लिस्ट के मय तत्व होलऽ सन।