League | इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) | |
---|---|---|
Personnel | ||
Captain | एमएस धोनी | |
Coach | स्टीफेन फ्लेमिंग | |
Owner | एन. श्रीनिवासन | |
Manager | रसेल राधाकृष्णन | |
Team information | ||
City | चेन्नई, तमिलनाडु, भारत | |
Founded | 2008 | |
Home ground | एम. ए. चिदंबरम स्टेडियम, चेन्नई | |
Capacity | 50,000 | |
History | ||
आईपीएल wins | 4 (2010, 2011, 2018, 2021) | |
चैंपियंस लीग ट्वेंटी20 wins | 2 (2010, 2014) | |
Official website | chennaisuperkings.com | |
|
चेन्नई सुपर किंग्स (CSK) भारत के तमिलनाडु के चेन्नई में स्थित एगो भारतीय प्रीमियर लीग (IPL) फ्रेंचाइजी क्रिकेट टीम बाटे। 2008 में स्थापित ई टीम आपन घरेलू मैच चेन्नई के एमए चिदंबरम स्टेडियम में खेलेले। एह टीम के मालिकाना हक चेन्नई सुपर किंग्स क्रिकेट लिमिटेड होल्डिंग कंपनी के माध्यम से इंडिया सीमेंट्स लिमिटेड के लगे बा। 2013 के आईपीएल सट्टेबाजी केस में मालिक लोग के शामिल होखे के कारण ई टीम जुलाई 2015 से शुरू होखे वाला आईपीएल से दू साल खातिर सस्पेंड क दिहल गइल रहे,[1] आ 2018 के वापसी सीजन में ई खिताब जीत लिहलस। टीम के कप्तान एमएस धोनी आ कोचिंग स्टीफन फ्लेमिंग बाड़ें। जनवरी 2022 में सीएसके भारत के पहिला यूनिकॉर्न खेल उद्यम बनल।[2]
सुपर किंग्स चार बेर (2010, 2011, 2018, आ 2021 में) आईपीएल के खिताब जीत चुकल बा, आ आईपीएल के सगरी टीम सभ में मैच सभ में जीत के प्रतिशत सभसे ढेर (58.98%) बाटे।[3] आईपीएल के प्लेऑफ (एगारह) आ फाइनल (नौ) में सबले बेसी मैच खेले के रिकार्ड एह लोग का लगे बा।[4]
एकरे अलावा 2010 आ 2014 में चैंपियंस लीग टी-20 भी जीत चुकल बा। 2019 में सुपर किंग्स के ब्रांड वैल्यू लगभग ₹732 करोड़ (लगभग $104 मिलियन) के होखे के अनुमान लगावल गइल बा), जवना से ई आईपीएल के सबसे कीमती फ्रेंचाइजी में से एगो बन गइल बा।
![]() | ई क्रिकेट संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |