जीलेबी (नेपाली:जुलेबी, उर्दू:جلیبی, हिंदी:जलेबी, ਜਲੇਬੀ, জিলাপী) एक किसिम के मिठाई ह जौन भारतीय उपमहादीप में बहुते मसहूर बा। ई के भारत, पाकिस्तान, नेपाल आ बांग्लादेश के लोग खुब पसंद करेलन। ई मैदा से तैयार करल जाएला। मैदा के घोल बना के उ के एगो कपडा में डाल के कपडवा के नीचे एगो छोट छेद कर गरम-गरम तेल में खुब घुमा-घुमा के जीलेबी छानल जाएला ओकरा बाद छनलका जीलेबीया के चीनी के घोल में डुबा के तनी देर खातिर छोड़ दियाला ओकरा बाद जलेबी खाए लायक तैयार हो जाएला।
ई मीठा-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |