फाइनेंस में, टेक्निकल एनालिसिस (technichal analysis) चाहे संछेप में टीए (TA) एगो अइसन एनालिसिस बिधी ह जे बजार के पिछिला डेटा - खास क के दाम (प्राइस) आ वोल्यूम के डेटा - के इतिहास देख के ओकरा आधार प आगे होखे वाला बदलावन के अनुमान लगावे के कामे आवे ला।[1] ई [फाइनेंस से संबंधित अइसन एनालिसिस हवे जेकरा आधार पर ट्रेडर लोग कौनों फाइनेंसियल बजार, जइसे कि शेयर मार्केट, में खरीद-बिकवाली के ट्रेंड के अनुमान लगावे ला। ट्रेडर लोग टीए के इस्तेमाल करे ला कि भविष्य में कवनो शेयर के दाम के व्यवहार कइसन होखी, एकरा खाती पहिले कवनो शेयर के कीमत के गति अउरी दिशा के देखल जाला।
स्टॉक मार्केट में कम समय खातिर ट्रेड करे वाला, जइसे कि इंट्रा डे ट्रेडिंग करे वाला लोग, एह टेक्निकल एनालिसिस के इस्तेमाल करे ला। लमहर समय खातिर इन्वेस्ट करे वाला लोग एकरा बदले फंडामेंटल एनालिसिस क इस्तेमाल करे ला। एह तरीका से टेक्निकल एनालिसिस ओह घरी उपयोगी साबित होला जब कौनों शेयर के होल्डिंग टाइम कुछ मिनट से ले के कुछ दिन (एक दू हप्ता) भर क होखे। टेक्निकल एनालिसिस में मुख्य रूप से कई किसिम के चार्ट सभ के एनालिसिस कइल जाला आ इनहन में पैटर्न सब के चिन्हित कइल जाला आ आगे दाम चढ़ी कि उतरी एह बात के अनुमान लगा के ओह अनुमान के हिसाब से शेयर खरीदे भा बेचे के स्ट्रेटजी बनावल जाला।
ई एक्टिव मैनेजमेंट के रूप भा प्रकार हवे आ मॉडर्न पोर्टफोलियो थियरी के खिलाफ खड़ा बाटे। एफिशिएंट-मार्केट हैपोथीसिस एह टेक्निकल एनालिसिस के प्रभावी होखे के सटीकता (एफिशिएंसी) पर बिबाद करे ला।[2] हाइपोथीसिस ई कहे ले की शेयर बजार के दाम के भबिष्यबानी ना कइल जा सके ला। एहू बात प रिसर्च हो चुकल बाटे कि टेक्निकल एनालिसिस से वास्तव में सकारात्मक रिजल्ट हासिल होलें कि नाहीं - आ एकर निष्कर्ष मिलजुल रहल बाड़ें।[3][4][5]
टेक्निकल एनालिसिस के बिपरीत फंडामेंटल एनालिसिस ह जे कौनों कंपनी के फाइनेंशियल स्टेटमेंट, हेल्थ आ मार्केट आ अर्थब्यबस्था के ओभरआल हालत के एनालिसिस होला।
<ref>
tag; no text was provided for refs named SurveysReview
<ref>
tag; no text was provided for refs named Foundations