डेजर्ट नेशनल पार्क | |
---|---|
आइयूसीएन श्रेणी II (राष्ट्रीय पार्क) | |
नजदीकी शहर | जैसलमेर आ बाड़मेर |
भूगोलीय निर्देशांक | 26°00′N 70°30′E / 26°N 70.5°Eनिर्देशांक: 26°00′N 70°30′E / 26°N 70.5°E |
रकबा | 3,162 किमी2 (1,221 वर्ग मील) |
स्थापना | 1981 |
डेजर्ट नेशनल पार्क (अंग्रेजी: Desert National Park) भारतीय राज्य राजस्थान में जैसलमेर आ बाड़मेर शहरन के लगे, एही दुनों जिलन में, एगो नेशनल पार्क बाटे। पार्क के अस्थापना 1981 में भइल आ ई कुल 3162 वर्ग किलोमीटर रकबा पर बिस्तार लिहले बाटे। ई थार के रेगिस्तानी इकोसिस्टम के एगो बेहतरीन उदाहरण हवे।
एह रेगिस्तानी इलाका में बालू के टीला आ नमकीन झील सभ के तली पावल जाला, बीचा में इंटरमीडियल एरिया आ स्थाई टीला मिले लें। रेगिस्तानी इलाका होखे के बावजूद एहिजे बिबिध किसिम के चिरई पावल जालीं आ बाहर से प्रवास करे वाली चिरई भी खूब आवे लीं। गोडावण (ग्रेट इंडियन बस्टर्ड) खातिर ई नेशनल पार्क मशहूर हवे।
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया डेजर्ट नेशनल पार्क पर मौजूद बा। |