बहाव मात्रा या निकास बहाव (अंग्रेजी: Discharge, डिस्चार्ज) या कबो कबो ख़ाली बहाव कहि दिहल जाला, जल बिज्ञान में पानी के बहाव के आयतन के दर के कहल जाला। आसान भासा में कहल जाय त प्रति एकाई समय में केतना मात्रा पानी के बह गइल ओके "बहाव मात्रा" कहल जाला।
इकाई, जिनहन के इस्तेमाल बहाव मात्रा के बतावे खातिर होखे ला ऊ कई ठो बाड़ी, जइसे की घन मी./से. (m³/s) (cubic meters per second), घन फीट/से. (ft³/s) (cubic feet per second or cfs) आ एकड़-फीट प्रति दिन (acre-feet per day)।[1] उदाहरण खातिर गंगा डेल्टा में गंगा के मुख्य धारा जेवना में ब्रह्मपुत्र आ मेघना भी मिल जालिन, के कुल बहाव मात्रा 38,000 m3/s (1,300,000 cu ft/s) बतावल जाले।
आम तौर पर एके नापे के तरीका बहुत आसान होला, जेह में बहाव के मात्रा (Q) धारा के क्रास-सेक्शन के क्षेत्रफल (A) आ औसत बहाव वेग के गुणनफल के बराबर होला (), आ एकरा के लिखे के तरीका होला:
जहाँ
ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |