नियोम | |
---|---|
Coordinates: 28°17′17″N 34°50′42″E / 28.28806°N 34.84500°Eनिर्देशांक: 28°17′17″N 34°50′42″E / 28.28806°N 34.84500°E | |
देस | सऊदी अरब |
घोषणा भइल | 24 अक्टूबर 2017 |
Founded by | मुहम्मद बिन सलमान |
Government | |
• डाइरेक्टर | क्लॉस क्लेनफील्ड |
Area | |
• Total | 26,500 किमी2 (10,200 बर्ग मील) |
Time zone | UTC+03 (अरब मानक समय) |
Website | www |
नियोम (अंग्रेजी: NEOM, अरबी:نيوم नियूम) सऊदी अरब में एगो प्रस्तावित मेगासिटी बाटे। प्रस्ताव के अनुसार जब ई बिसाल शहर बन के तइयार होखी तब एकर कुल रकबा लगभग 26,500 वर्ग किलोमीटर होखी आ एकर सीमा मिस्र आ जॉर्डन देसन के छुई।[1] एह मेगाशहर (यानी बहुत बिसाल शहर) के आर्थिक क्षेत्र के रूप में बिकसित करे के योजना बा आ ई लाल सागर के उत्तरी छोर पर आ अकाबा के खाड़ी के साथे जुड़ल किनारा तक ले बिस्तार लिहले होखी, ई लोकेशन भी महत्व के बा काहें से कि दुनिया के परसिद्ध जलमार्ग स्वेज नहर इहाँ से कुछे दूर पच्छिम में बा।
समाचरन के मोताबिक एकरा निर्माण खातिर पहिला ठीका (कांट्रेक्ट) मिलियो चुकल बा। वर्तमान ता'बुक शहर से लगभग 150 किलोमीटर पच्छिम में, लाल सागर के किनारा वाला हिस्सा में राजा लोग के महल आ अउरी शाही भवन सभ एह योजना के सभसे पहिला निर्माण होखिहें।[2]
{{cite web}}
: |author=
has generic name (help)
![]() | ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |