नेशनल हाइवे 48 | |
---|---|
Route information | |
Part of AH23 | |
Maintained by National Highways Authority of India, Maharashtra State Road Development Corporation | |
Length | 2,807 किमी (1,744 मील) |
Major junctions | |
North end | Delhi |
South end | Chennai |
Location | |
देस | भारत |
States | Delhi, Haryana, Rajasthan, Gujarat, Maharashtra, Karnataka, Tamil Nadu |
Highway system | |
नेशनल हाइवे 48 (NH 48) भारत के एगो प्रमुख हाइवे बाटे। ई उत्तर में दिल्ली से शुरू हो के मुंबई आ बंगलौर होखत चेन्नई तक ले जाला। ई कुल सात राज्यन से हो गे गुजरे ला आ NH 44 आ NH 27 के बाद भारत के तिसरा सभसे लमहर हाइवे बाटे। एकर कुल लंबाई 2,807 किलोमीटर (1,744 मील) बाटे।
पुराना नंबरिंग सिस्टम में दिल्ली-बंबई हाइवे के नंबर NH 8 रहे आ बंबई-चेन्नई हाइवे के नंबर NH 4 रहल। नया सिस्टम में इनहना के मिला के ई वाला हाइवे नंबर बनावल गइल हवे। ई हाइवे गोल्डन क्वाड्रिलेटरल प्रोजेक्ट के हिस्सा हवे।
भारत के सभसे लमहर हाइवे NH 44 (उत्तर-दक्खिन गलियारा) के बंगलुरु से कृष्णानगर वाला हिस्सा के साथे ई हाइवे ओभरलैप करे ला।
ई सड़क परिवहन-संबंधी लेख भारतीय सड़क या भारत में सड़क यातायात की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |