पिक्सेल (Pixel भा pel[1] या फिर picture element[2]), डिजिटल इमेजिंग में, रास्टर इमेज में एगो भौतिक बिंदु होला, मने कि सभसे छोट इकाई जे कैनों डिजिटल इमेज के बनावे ले। ई पिक्चर एलीमेंट के छोट नाँव हवे। हरेक पिक्सल मूल इमेज के नमूना (सैंपल) होला आ इनहने के रेंडरिंग से स्क्रीन पर तस्वीर देखलाई पड़े ले। हर पिक्सेल के इंटेंसिटी अलग-अलग होला जेकरा अनुसार स्क्रीन पर इनहन के अलग-अलग चमक वाला देखलावल जाला आ पूरा तस्वीर लउके ले। रंगीन इमेज में पिक्सेल के तीन गो या चार गो इंटेंसिटी वैलू होखे ला (RGB-लाल, हरियर आ नीला; या CMYK-सियान, मजेंटा, पीयर आ करिया)।
![]() | ई कंप्यूटर-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |