पूरबोत्तर भारत चाहे नार्थईस्ट के नाँव से जानल जाए वाला आ ओफिशियली उत्तर पूर्वी क्षेत्र भारत के सभसे पूरबी हिस्सा हवे जेह में आठ गो छोट-छोट राज्य बाड़ें आ ई एगो पातर गलियारा द्वारा भारत के मुख्य भूमि से जुड़ल बाटे। एह क्षेत्र के लगभग 99% सीमा अंतर्राष्ट्रीय सीमा हवे (मने की दुसरे देस सभ के साथ बने ले)। एह क्षेत्र में आवे वाला राज्य सभ में अरुणाचल प्रदेश, आसाम, त्रिपुरा, नागालैंड, मणिपुर, मिजोरम, मेघालय आ सिक्किम बाड़ें। एह सभ में से पहिला सात गो के सेवेन सिस्टर्स स्टेट्स (सात गो बहिन राज्य) कहल जाला।