पोंट डु गार्ड Pont du Gard | |
---|---|
![]() | |
लोकेशन | 43°56′50″N 4°32′08″E / 43.9473°N 4.5355°Eनिर्देशांक: 43°56′50″N 4°32′08″E / 43.9473°N 4.5355°E |
इस्तेमाल | रोमन एक्वाडक्ट नीम के |
पार करे ला | गार्डन नदी |
जगह | वेर्स-पोंट-डु-गार्ड, गार्ड, फ्रांस |
मेंटेनेंस | पब्लिक एसोसिएशन ऑफ कल्चरल कोऑपरेशन (2003 से) |
वेबसाइट | www |
बिसेसता | |
डिजाइन | मेहराब पुल |
मटेरियल | शेल वाल चूनापत्थर |
कुल लंबाई |
|
चौड़ाई |
|
ऊँचाई |
|
खंड सं. |
|
पानी में खम्हा | 5 |
इतिहास | |
पूरा भइल | 40-60 AD? |
कुल लागत | 30 मिलियन en:sesterces (अनुमानित) |
बंद भइल | छठवीं सदी ? |
ऑफिशियल नाँव | पोंट डु गार्ड (रोमन एक्वाडक्ट) |
प्रकार | Cultural |
पैमाना | i, iii, iv |
तिथी | 1985 (9th session) |
रिफरेंस नं॰ | 344 |
स्टेट पार्टी | फ्रांस |
क्षेत्र | यूरोप आ उत्तर अमेरिका |
तिथी | 1840 |
रिफरेंस नं॰ | PA00103291 |
संदर्भ | |
[1][2][3] |
पोंट डु गार्ड (अंग्रेजी: Pont du Gard) दक्खिनी फ़्रांस में गार्डन नदी पर बनल एगो रोमन एक्वाडक्ट (पानी ले जाए वाला सिस्टम) के पुल बाटे। एकर निर्माण रोमन काल में, अबसे लगभग 2,000 साल पहिले, पहिली सदी ईसवी में भइल रहल। ई पुल नीम एक्वाडक्ट के हिस्सा बाटे, जे "उजेस" के झरना से रोमन कॉलोनी नेमेसस (नीम) ले पानी ले आवे खातिर बनावल गइल रहल। झरना से ले के आ अपना अंतिम छोर ले ई एक्वाडक्ट सिस्टम ऊँचाई के बिबिधता के कारन बहुत टेढ़-टाढ़ रस्ता से गुजरेला आ अपनी मार्ग के ज्यादातर हिस्सा में जमीन के अंदर अंडरग्राउंड बाटे; जहाँ ई गार्डन नदी के क्रास करे ला ओहिजे ई पुल बनावल गइल बाटे। ई पुल पुरा दुनिया में सभसे ऊँच एक्वाडक्ट हवे आ अभिन ले सुरक्षित बचल अइसन एकही अउरी एक्वाडक्ट बा, सेगोविया के एक्वाडक्ट। एकरा इतिहासी महत्व के देख के सन् 1985 में एकरा के यूनेस्को के बिस्व धरोहर स्थल के रूप में मान्यता दिहल गइल।
पुल मेहराब पर बनल बाटे आ एह में मेहराब सभ के तीन को लेवल बा। पुल के कुल ऊँचाई 48.8 मीटर (160 फीट) बाटे। पुल में एकरे पुरा लंबाई में बस 2.5 सेंटीमीटर के गिरान आवे ले आ पानी के एक्वाडक्ट में 17 मीटर के गिरान आवे ले (पानी के बहे खातिर ढाल दिहल गइल बा) जवना से साफ पता चले ला कि आसान टेक्नालॉजी के बावजूद रोमन इंजीनियर लोग केतना सटीक नापजोख से कौनों चीज बनावे।
ई सिस्टम अपना जमाना में लगभग 200,000 घन मीटर पानी बहा के नीम शहर में पहुँचावे आ ई पानी फुहारा, नहानघर कुल में आ घरेलू कामन में इस्तमाल होखे। ई आनुमान बाटे कि एकर इस्तमाल छठवीं सदी ले चालू रहल हालाँकि चउथी सदी के बाद एकर मेंटेनेंस बंद हो गइल आ ई खनिज पदारथ सभ के जम गइले के कारन पानी के बहावे में सक्षम ना रहि गइल। रोमन साम्राज्य के पतन के बाद एकर पानी बहावे के सिस्टम के रूप में इस्तेमाल भले बंद हो गइल बाकी एकर दूसर काम, चुंगी पुल के रूप में नदी पार करे खातिर बाद में भी चालू रहल। कई सदी ले लोकल शासक लोग एकर मेंटेनेंस चुंगी खातिर कइल आ इहाँ यातायात जारी रहल। एकर कुछ पत्थर लूटल भी गइल आ एकरा के सतरहवीं सदी में बहुत नोकसान पहुँचल। बाद में अठारहवीं सदी के बाद एह पर धियान दिहल गइल, ई पर्यटन के जगह बन गइल, आ लोकल अथॉरिटी आ फ्रांसीसी राज एकर मरम्मत के कम कइल। सन 2000 में इहाँ नया यात्री सेंटर खोलल गइल आ एकरे ऊपर आ एकरे ठीक आसपास भइल निर्माण के हटा के एकरा के संरक्षित कइल गइल। आज के समय में ई फ़्रांस के एगो बहुत महत्व वाला पर्यटन आकर्षण के केंद्र बाटे आ पुरा दुनिया से लोग एकरा देखे बदे आवेला।