भूगोल में प्राकृतिक प्रदेश (natural region) एगो आधारभूत (बेसिक) इकाई होला जहाँ मुख्य प्राकृतिक दसा सभ, जइसे कि भौतिक स्वरूप, जलवायु, प्राकृतिक बनस्पति वगैरह एक समान पावल जाली। बिख्यात भूगोलवेत्ता ए.जे. हर्बर्टसन प्राकृतिक प्रदेश के बर्गीकरण खातिर तीन गो चीज - कन्फिगरेशन, जलवायु आ बनस्पति के[1] आधार बनवले रहलें आ पूरा बिस्व के नौ गो मुख्य प्राकृतिक प्रदेश में बँटले रहलें।मुख्य रूप से तीन गो भौतिक तत्व — जलवायु, बनस्पति आ माटी के एकसमान (होमोजीनस) बितरण वाला इलाका प्राकृतिक प्रदेश कहालें।[2] भूगोलवेत्ता दांतिन इनहन के सीमा निर्धारण में ऊँचाई-निचाई (रेलीफ़) आ जलवायु दू गो तत्व के प्रमुख मनलें रहलें आ तिसरहा अस्थान पर बनस्पति के रखले रहलें।[3]
![]() | ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |