प्वाइंट लोबोस उत्तर अमेरिका के कैलीफोर्निया राज्य में कार्मेल-बाई-दि-सी नाँव के शहर के लगे मौजूद तीन गो संरक्षित समुद्री इलाका सभ के कहल जाला।[1] ई तीन गो संरक्षित इलाका: प्वाइंट लोबोस राजकीय प्राकृतिक भंडार, प्वाइंट लोबोस राजकीय समुंद्री भंडार, आ प्वाइंट लोबोस राजकीय समुंद्री संरक्षण इलाका के नांव से बाने। ई प्रशांत महासागर के तीर पर बाने।[2]
प्वाइंट लोबोस में कई ठे हाइकिंग के रस्ता बाने जे समुंद्र के किनारे पड़े लें आ इहँवा ई कई ठे प्राकृतिक बीच बाने। ई एक ठो इतिहासी समुंद्री धरोहर स्थल हवे जेकर सन् 2007 ई॰ में बिस्तार कइल गइल रहल।
![]() |
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया प्वाइंट लोबोस पर मौजूद बा। |
निर्देशांक: 36°31′1.56″N 121°56′33.36″W / 36.5171000°N 121.9426000°W
![]() | ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |