Fields Medal | |
---|---|
![]() The obverse of the Fields Medal | |
Awarded for | Outstanding contributions in mathematics attributed to young scientists |
Country | Varies |
Presented by | इंटरनेशनल मैथेमेटिकल यूनियन (IMU) |
Reward(s) | CA$15,000 |
First awarded | 1936 |
Last awarded | 2022 |
Website | Mathunion.org |
फील्ड्स मेडल एगो पुरस्कार हवे जे 40 साल से कम उमिर के दू, तीन भा चार गो गणितज्ञ लोग के अंतर्राष्ट्रीय गणितीय संघ (IMU) के अंतर्राष्ट्रीय कांग्रेस में दिहल जाला, ई बइठक हर चार साल पर होला।
फील्ड्स मेडल के केहू गणितज्ञ के मिले वाला सभसे ऊँच सम्मान सभ में से एक मानल जाला, आ एकरा के "गणित के नोबेल पुरस्कार" के दर्जा हासिल हवे,[1][2][3] हालाँकि, नोबेल पुरस्कार से एह में कई गो प्रमुख अंतर बाड़ें, जेह में पुरस्कार के आवृत्ति, कुल पुरस्कारन के संख्या, उमिर सीमा, नकदी के राशि, आ पुरस्कार के पैमाना सामिल बाड़ें।[4] एआरडब्ल्यूयू (ARW) द्वारा वार्षिक अकादमिक उत्कृष्टता सर्वेक्षण के अनुसार फील्ड्स पदक के लगातार दुनिया भर में गणित के क्षेत्र में शीर्ष पुरस्कार मानल गइल रहे[5] आ आइआरइजी (IREG) द्वारा 2013–14 में कइल गइल एगो अउरी प्रतिष्ठा सर्वेक्षण में, फील्ड्स पदक गणित के दुसरा सभसे प्रतिष्ठित अंतर्राष्ट्रीय पुरस्कार एबेल पुरस्कार के कुछे बाद आइल रहे।[6][7]
एह मेडल के साथे एगो नकदी राशि भी सामिल बा जे 2006 से बाद से अबतक ले 15,000 कैनेडियन डॉलर बाटे।[8][9] एह पुरस्कार के नाँव कनाडा के गणितज्ञ जॉन चार्ल्स फील्ड्स के नाँव पर रखल गइल हवे।[10] फील्ड्स एह पुरस्कार के स्थापना में, खुद पदक के डिजाइन बनावे में आ नकदी राशि के फंडिंग में बहुत योगदान दिहलें, हालाँकि, एकरे स्थापना से पहिले इनके निधन हो गइल आ इनके योजना के देखरेख जॉन लाइटन सिंगे कइलें।[10]
ई पदक पहिली बेर 1936 में फिनिश गणितज्ञ लार्स अहलफोर्स आ अमेरिकी गणितज्ञ जेसी डगलस के दिहल गइल आ ई 1950 से हर चार साल पर दिहल जा रहल बा। एकर मकसद बा कि कम उमिर के गणितीय रिसर्चर लोग के मान्यता आ समर्थन दिहल हवे जे लोग प्रमुख योगदान दिहले बा। साल 2014 में ईरानी गणितज्ञ मरियम मिर्जाखानी पहिली महिला फील्ड्स पदक विजेता बनली।[11][12][13] कुल मिला के 64 लोग के फील्ड्स मेडल दिहल गइल बा।
फील्ड्स मेडल विजेता लोग के सभसे ताजा समूह के ई पुरस्कार 5 जुलाई 2022 के एगो ऑनलाइन इवेंट में दिहल गइल जेकर लाइव स्ट्रीमिंग फिनलैंड के हेलसिंकी से भइल। ई मूल रूप से रूस के सेंट पीटर्सबर्ग में आयोजित होखे के रहे, बाकी 2022 में यूक्रेन पर रूस के हमला के बाद एकरा के आगे बढ़ा दिहल गइल।
फील्ड्स पदक के बहुत समय से गणित के क्षेत्र में सभसे प्रतिष्ठित पुरस्कार मानल जाला आ अक्सर एकरा के गणित के नोबेल पुरस्कार बतावल जाला।[1][2][3] नोबेल पुरस्कार के उलट फील्ड्स पदक हर चार साल में ही दिहल जाला। फील्ड्स मेडल के उमिर सीमा भी होला: कवनो प्राप्तकर्ता के उमिर ओह साल 1 जनवरी के 40 साल से कम होखे के चाहीं जवना साल में पदक दिहल जाला। 40 साल से कम उमिर के नियम फील्ड्स के एह मंशा पर आधारित बा कि "जबकि ई पहिले से कइल गइल काम के मान्यता देत रहे, एकरे साथ-साथ एकर इरादा ई भी रहे कि ई प्राप्तकर्ता लोग के ओर से आगे के उपलब्धि खातिर प्रोत्साहन होखे आ एकरा पर नयका प्रयास के प्रोत्साहन होखे।"[14] एकरे अलावा, कौनों ब्यक्ति के खाली एक ठो फील्ड्स मेडल दिहल जा सके ला; बिजेता लोग भविष्य के पदक देवे के पात्र ना होला।[15]
पहिली बेर 1936 में दिहल गइल ई पदक 2022 ले 64 लोग जीत चुकल बा।[16] भौतिकी में दू गो पीएचडी धारक लोग (एडवर्ड विटन आ मार्टिन हेयरर) के छोड़ के,[17] खाली गणित में पीएचडी करे वाला लोग के ई पदक मिलल बा।[18]
{{cite news}}
: |last=
has generic name (help)
![]() | ई अवार्ड/ईनाम-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |